Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साप्ताहिक विशेष ट्रेन : पुणे-गोरखपुर वीकली स्पेशल 21 अप्रैल से चली, एसी, स्लीपर अउरी जनरल क्लास के कोच होइ

238
Google Ads 300*250 for posts

 

पुणे-गोरखपुर साप्ताहिक स्पेशल ट्रेन चलावे के फैसला भईल बा। ट्रेन चलावे के समय जारी हो गईल बा। एह ट्रेन में एसी, स्लीपर आ जनरल क्लास के कोच होखी।

रेल प्रशासन गरमी के छुट्टी में यात्रियन के सुविधा खातिर पुणे-गोरखपुर एक्सप्रेस वीकली स्पेशल चलावे के फैसला कइले बा। इ ट्रेन 21 अप्रैल से 17 जून तक अलग-अलग तारीख पs चली।

उत्तरी रेलवे लखनऊ संभाग के वरिष्ठ डीसीएम रेखा शर्मा बतवली कि 01431 पुणे-गोरखपुर साप्ताहिक विशेष ट्रेन 21, 28 अप्रैल के साँझ 4.15 बजे आ 5, 12, 19, 26 मई के आ 2, 9, 16 जून के साँझ 4.15 बजे पुणे से… अगिला सांझ के चारबाग रेलवे स्टेशन पs 4.15 बजे पहुँची, जहाँ से 9.00 बजे गोरखपुर पहुँची।

वापसी के दिशा में गोरखपुर-पुणे साप्ताहिक विशेष 22, 29, 6, 13, 20, 27 मई आ 3, 10, 17 जून के रात 11.25 बजे गोरखपुर से निकल के सबेरे 4.40 बजे चारबाग स्टेशन पs पहुँची आ सबेरे 7.15 बजे पुणे पहुंची अगिला दिने सबेरे के बात बा। एह ट्रेन में एसी, स्लीपर आ जनरल क्लास के कोच होखीहें।

 

 

 

523320cookie-checkसाप्ताहिक विशेष ट्रेन : पुणे-गोरखपुर वीकली स्पेशल 21 अप्रैल से चली, एसी, स्लीपर अउरी जनरल क्लास के कोच होइ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.