Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँपन के आवाज : साँप हिस्स्स्स के आवाज काहे निकालेला ? कहीं सुनत बानी त सतर्क रहीं, खतरा के निशानी ह

रेंगत जीव में साँप अइसन जानवर ह कि ओकरा के सामने देख के इंसान डर से काँप जाला। खास कर के जब ऊ आपन हुड पसार के हिस्स्स्स के आवाज निकालेला त हर देह सिहर जाला।

190

साँपन के आवाज : साँप हिस्स्स्स के आवाज काहे निकालेला ? कहीं सुनत बानी त सतर्क रहीं,  खतरा के निशानी ह

साँप हिस्स्स्स के आवाज काहे निकालेला : रेंगत जीव में साँप अइसन जानवर ह कि ओकरा के सामने देख के इंसान डर से काँप जाला। खास कर के जब ऊ आपन हुड पसार के हिस्स्स्स के आवाज निकालेला त हर देह सिहर जाला। अचरज के बात ई बा कि साँप अपना जीभ के इस्तेमाल एह आवाज के निकाले में ना करेला | फेर ऊ अइसन आवाज कइसे निकालेला आ ओकरा अतना करे के पीछे का कारण बा | आज हम रउआ सभे के एह मुद्दा पे ज्ञान देवे जा रहल बानी।

 

साँप हिस्स्स्स के आवाज काहे निकालेला?

विशेषज्ञ के मुताबिक जब साँप हिस्स्स्स के आवाज निकालेला त ओकर बचाव के तरीका होखेला। जब भी कवनो साँप अपना खातिर खतरा महसूस करेला त ऊ अइसन आवाज निकाल के दोसरा के ओकरा से दूर रहे के चेतावेला | असल में इ उनुका रक्षा तंत्र के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा ह, जवना के उ आपातकाल में इस्तेमाल करेला|

 

साँप खतरा देख के ई काम करेला

साँप के व्यवहार पे शोध करेवाला विशेषज्ञ के मुताबिक, बाकी जंगली जानवर निहन सांप शुरू में कवनो खतरा देख के अपना के बचावे के कोशिश करेले। एकरा खातिर ऊ अपना बिल में तेजी से रेंगत चल जाला आ कवनो आड़ में लुकाए के कोशिश करेला | एकरा बाद भी अगर ओकरा लागेला कि खतरा अबे तक नइखे टलल त ऊ साँप के हिस्स्स्स के आवाज निकाले लागेला।

 

आवाज सुनते ही अलर्ट हो जाए के चाही

साँप के विशेषज्ञ के कहनाम बा कि, जदी आपके नजदीक से कहीं से साँप के हिस्स्स्स के आवाज़ सुनाई देता त आपके सचेत होखे के चाही। मतलब कि एगो साँप रउरा आसपास बा आ रउरा के खतरा मानत ऊ हमला करे के तइयारी करत बा| अइसना में चुपचाप ओहिजा से दूर होखे के चाहीं| अगर अयीसन ना भईल त उ आपन देह पसार के हुड के ऊपर उठावेला अउरी तेजी से आगे बढ़ के आपके हमला क सकता।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.