Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नितिन गडकरी के जान से मारे के धमकी देवे वाला , अब ओकरा पे UAPA लगावे के तैयारी में

जयेश पुजारी पहिला बेर फोन क के नितिन गडकरी से 100 करोड़ रुपया के मांग कईले रहले। जबकि दूसरा बेर उ 10 करोड़ रुपया के मांग कईले रहले। फिलहाल उ नागपुर पुलिस के हिरासत में बाड़े।

163

नागपुर पुलिस बेलगांव जेल से केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी के फोन पे दु बेर धमकावे वाला जयेश पुजारी पे यूएपीए (अनलॉफुल एक्टिविटीज प्रीवेंशन एक्ट) लगावे जा रहल बिया। इ जानकारी नागपुर पुलिस के भरोसेमंद स्रोत से मिलल बा। जानकारी के मुताबिक आरोपी के पीएफआई, लश्कर-ए-तैयबा, दाऊद इब्राहिम गैंग के लोग से संबंध रहे।

पहिला बेर 100 करोड़ रुपया के मांग

जयेश पुजारी उर्फ ​​जयेश कांत पहिला बेर फोन क के नितिन गडकरी से 100 करोड़ रुपया के मांग कईले रहले। जबकि दूसरा बेर उ 10 करोड़ रुपया के मांग कईले रहले। फिलहाल उ नागपुर पुलिस के हिरासत में बाड़े। जयेश पुजारी 28 मार्च से नागपुर पुलिस के रिमांड पे बाड़े। नागपुर पुलिस बेलगांव जेल से पूछताछ खातीर नागपुर ले आईल बिया। जयेश पुजारी बेलगांव जेल से नितिन गडकरी के धमकावे वाला फोन क देले। नागपुर पुलिस बेलगांव जेल के जयश पुजारी के बैरक से भी दु सिम अवरू दु मोबाइल बरामद कईले रहे।

आफिस के भी उड़ावे के धमकी दिहल

महत्व के बात बा कि नितिन गडकरी के पिछला महीना 21 मार्च के दुसरका बेर जान से मारे के धमकी दिहल गइल रहे | एकरा से पहिले 14 जनवरी के नितिन गडकरी के जान से मारे के धमकी मिलल रहे। नितिन गडकरी के जनसंपर्क कार्यालय में धमकावे वाला फोन आईल। पिछला बेर उनुका कार्यालय पे जान से मारे के धमकी देबे के बात भइल रहे | केंद्रीय मंत्री के जान से मारे के धमकी मिलला के बाद उनुका घर आ कार्यालय में सुरक्षा मजबूत क दिहल गईल बा।

514340cookie-checkनितिन गडकरी के जान से मारे के धमकी देवे वाला , अब ओकरा पे UAPA लगावे के तैयारी में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.