[the_ad_group id="30365"]

मशरक के बिशुनपुरा दुग्ध उत्पादन सहयोग समिति के ओमप्रकाश बनलें अध्यक्ष

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक प्रखंड क्षेत्र के बिशुनपुर दुग्ध उत्पादन सहयोग समिति के चुनाव में निर्विरोध ओमप्रकाश मिश्र अध्यक्ष पद पs चुनाव जीत गइल बाड़ें। ओमप्रकाश मिश्र के संगे प्रबंध समिति के सदस्य पद पs सभे चुनाव जीत गइल बा।

चुनाव जीतल अध्यक्ष आ प्रबंध समिति के सब सदस्य के निर्वाची पदाधिकारी सह बीडीओ मो० आसिफ जीत के प्रमाण पत्र देलें। जीत के प्रमाण पत्र मिलला के बाद समर्थक लोग नारा लगावत फुलमाला पहिना के जश्न मनावल।

निर्वाची पदाधिकारी सह बीडीओ मशरक मो० आसिफ द्वारा अध्यक्ष सहित प्रबंध समिति के 9 सदस्यन के जीत के प्रमाण पत्र दिहल गइल। जेमे ओमप्रकाश मिश्र पिता कृष्णानंद मिश्रा अध्यक्ष पद पs आ प्रबन्धक समिति सदस्य पद पs देवान्ती देवी पति बिंदा राय, कर्मशीला देवी पति लालबाबु राय, शिवनाथ राय पिता स्व० यमुना राय, दिनेश प्रसाद यादव पिता शिवदयाल राय, इंदू देवी पति राजकुमार राय, कमल प्रसाद यादव पिता शिवगोविंद राय, रुबी देवी पति कन्हैया शर्मा, शिवकुमार राम पिता विनायक राम के जीत के प्रमाण पत्र दिहल गइल बा।

साभार: दिनेश सिंह/मशरक न्यूज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]