मुंबई के छत्रपति शिवाजी महाराज इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs हमला के धमकी के बाद सुरक्षा एजेंसियां अलर्ट पs बाड़ी सs। एयरपोर्ट पs सुरक्षा के इंतजाम कड़ा कई दिहल गइल बा । बता दिहीं कि सोमार के इरफान अहमद नामक व्यक्ति कॉल कईके एयरपोर्ट पs हमला के धमकी देले रहे। आरोपी खुद के आतंकी संगठन इंडियन मुजाहिदीन के सदस्य बतवले रहे। पुलिस ने मामला दर्ज कइके जांच शुरू कई देले बिया ।
पीएम मोदी मुंबई के अंधेरी ईस्ट इलाका में जा सकत बाड़े , जहां ऊ दाऊदी बोहरा समुदाय के अरेबिक एकेडमी के उद्घाटन कर सकत बाड़े । दाऊदी बोहरा समुदाय के आधिकारिक ट्विटर हैंडल से ट्वीट कइके बतावल गइल बा कि उ परम पावन सैयदाना मुफद्दल सैफुद्दीन के साथे मंच साझा कर सकत बाड़े। मुंबई दउरा पs पीएम मोदी भारतीय नौसेना के मुंबई के कोलाबा स्थित बेस पर भी जा सकत बाड़े। प्रधानमंत्री के दवरा के चलते शहर में 10 फरवरी तक ले ड्रोन भा कवनो दोसर फ्लाइंग एक्टिविटी करे पs रोक लगा दिहल बा ।