[the_ad_group id="30365"]

‘लोकतंत्र में हर वोट अनमोल बा’, पीएम मोदी समेत बहुते नेता रिकार्ड संख्या में वोट देवे के अपील कइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव 2024 : पीएम मोदी कहले कि पहिला बेर वोट देवे वाला अपना युवा दोस्तन से हमार एगो खास अपील बा, कि उ लोग के भारी संख्या में वोट देवे के चाही। लोकतंत्र में हर वोट अनमोल होला आ हर आवाज महत्वपूर्ण होला।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह, सपा प्रमुख अखिलेश यादव समेत बहुत नेता देश के जनता से बेसी से बेसी वोट देवे के अपील कइले बाड़े। पीएम मोदी ट्वीट क के कहले कि लोकतंत्र के सबसे बड़ त्योहार आज से शुरू हो रहल बा। पहिला चरण के लोकसभा चुनाव में 21 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश के 102 सीट प मतदान होखता। एह सगरी सीटन के मतदाता से निहोरा बा कि आपन मताधिकार के इस्तेमाल करस आ मतदान के नया रिकार्ड बनावस ।

युवा लोग से रिकार्ड संख्या में वोट देवे के अपील

 पीएम मोदी कहले कि पहिला बेर वोट देवे वाला अपना युवा दोस्तन से हमार एगो खास अपील बा, कि उ लोग के भारी संख्या में वोट देवे के चाही। लोकतंत्र में हर वोट अनमोल होला आ हर आवाज महत्वपूर्ण होला । हर वोट के गिनती होला आ हर आवाज मायने राखेला।

https://twitter.com/narendramodi/status/1781131436185333802?t=MZlwSkru4KF4K8ccJSasOw&s=19

अपील

एकरा संगे-संगे गृहमंत्री अमित शाह कहले कि आज के दिन महत्वपूर्ण बा, काहेंकी पहिला चरण के मतदान देश में होखता। एह चरण में वोट देबे वाला सगरी मतदाता लोग से हमार अपील बा कि बड़हन संख्या में वोट दीं काहे कि रउरा हर वोट में सुरक्षित, विकसित आ आत्मनिर्भर भारत बनावे के ताकत बा। राउर वोट ना खाली कवनो लोकसभा भा उम्मीदवार के किस्मत तय करेला बलुक भारत के उज्जवल भविष्य के भी आकार देला। हमार अपील बा कि एगो मजबूत आ निर्णायक नेतृत्व चुनीं। एकरा संगे-संगे केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी भी जतना हो सके वोट देवे के अपील कईले बाड़े।

 

 

राहुल गांधी-अखिलेश यादव समेत विपक्षी नेता मतदान के गोहार लगवले

यूपी के पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, कांग्रेस नेता राहुल गांधी समेत कई गो विपक्षी नेता लोग भी जनता से गोहार लगवले बा कि अधिका से अधिका वोट डालल जाव । अखिलेश यादव मतदाता से कहले कि आपन उज्जवल भविष्य खाती वोट डालस। एकरा संगे-संगे राहुल गांधी ट्वीट कईले कि आज मतदान के पहिला चरण बा। राउर हर वोट भारत के लोकतंत्र आ आवे वाली पीढ़ियन के भविष्य तय करे वाला बा। त बाहर निकल के वोट दे दीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]