Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 28, 2022

बिहार: बिहार के चाय के मिली राष्ट्रीय पहचान, कृषि मंत्री आ सचिव चाय कारोबारियन के संगे मंथन। बिहार: पटना में जदयू के इफ्तार पार्टी आज, सीएम नीतीश कुमार होइहे सामिल, लालू परिवारो के नेवता। उत्तर

Share

  1. बिहार: बिहार के चाय के मिली राष्ट्रीय पहचान, कृषि मंत्री आ सचिव चाय कारोबारियन के संगे मंथन।
  2. बिहार: पटना में जदयू के इफ्तार पार्टी आज, सीएम नीतीश कुमार होइहे सामिल, लालू परिवारो के नेवता।
  3. उत्तर प्रदेश: धार्मिक स्थलन से उतारल गइल 11 हजार लाउडस्पीकर, सीएम योगी कहले- आस्था के सम्मान, बाक़िर दोसर केहु के परेसानी स्वीकार नइखे।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव पs चाचा शिवपाल के पलटवार, कहले- भाजपा में भेजे के बा तs हमरा के सपा से निकाल दs।
  5. झारखंड: बोकारो के सिटी सेंटर में फायरिंग, पुलिस मवका से दु गो खाली खोखा बरामद कइलस।
  6. पीएम मोदी असम में सात कैंसर अस्पतालन के उदघाटन करिहे, संगही सात आउर अस्पतालन के नेव रखिहे।
  7. विदेश मंत्री एस। जयशंकर बांग्लादेश आ भूटान जइहे, ऊ बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना से मिलिहे।
  8. पुतिन के पछिमी देशन के चेतावनी- हमनी के धमकवलs तs बिजली के गति से जबाब मिली।
  9. पीएम मोदी के गुजारिश, पेट्रोल-डीजल पs टैक्स कम करे राज्य।
  10. आईपीएल में गुजरात के हैदराबाद पs रोमांचक जीत, आज दिल्ली आ कोलकाता के मैच।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.