[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान : एसएफआई के छात्र संघ के पूर्व अध्यक्ष राकेश झाझरिया के हत्या, बदमाश घेरले अउरी लोहा के सरिया से पीट के कइलें हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झुंझुनू के सेठ मोतीलाल कॉलेज के छात्र संघ के अध्यक्ष रहल राकेश झझरिया के हत्या बदमाश कर दिहले। राकेश केहरपुरा से अपना एगो साथी के संगे भदौंडा खुर्द के ओर आवत रहले कि एगो कैंपर गाड़ी ओ लोग के गाड़ी से टकरा गईल। एकरा बाद हमलावर ओकरा के गाड़ी से निकाल के लाठी से पिटाई कईले।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक छात्र संघ के पूर्व अध्यक्ष राकेश झाझरिया के गाड़ी में बदमाश सब रोक देहलें। हमला के अहसास करत राकेश झाझरिया गाड़ी चलावे के कोशिश कईले लेकिन एगो अउर कैंपर भी पीछे से राकेश के गाड़ी के टक्कर मार देहलस। एकरा बाद बदमाश ओकरा के गाड़ी से निकाल के लाठी से बदतर पिटाई कईले। उ अपना साथी के संगे मारपीट भी कईले। ओकरा बाद बदमाश मौका से फरार हो गईले।

साथी संजीव राकेश के पिता के फोन क के घटना के जानकारी देहले। एकरा बाद राकेश के गंभीर हालत में झुंझुनू के बीडीके अस्पताल ले आवल गईल, जहां इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गईल। घटना के बारे में जानकारी मिलतही ग्रामीण डीएसपी रोहिताश्व देवता अउरी बगड़ के थानाध्यक्ष श्रवण कुमार पहुंचले। शनिचर के सबेरे लाश के पोस्टमार्टम करावल जाई. ए घटना से नाराज एसएफआई के जिलाध्यक्ष पंकज गुर्जर अउरी छात्र नेता लाश के स्वीकार करे से इनकार क देहले। उ अपराधी के गिरफ्तारी के मांग कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]