Lakadbaggha Review: अंशुमन झा बनलें टाइगर श्रॉफ के सस्ता कॉपी, जानी श्वान प्रेमियन के फिल्म में के बनल विलेन
पशु प्रेमियन अउरी कुत्तन के हमलोन के शिकार लोगन के बीच चलत रहे वाला विवादन के अलावा एह श्वान प्रेमियन के अपना पालतू जानवर के दोसरा के घरन के सोझा नित्यकर्म करा देला के विवादो चलत रहेला । वईसे आम तउर पs कुत्तन के इंसान के सबसे वफादार जानवर मानल जाला । फिल्म 'लकड़बग्घा' अइसनके एगो श्वानप्रेमी अर्जुन बख्शी के कहानी हs।
प्रेम कहानी बनल विलेन
फिल्म ‘लकड़बग्घा’ से छोटका परदा के बड़ा नामी चेहरा ऋद्धि डोगरो सिनेमा में शुरुआत कर रहल बाड़ी । एह फिलिम में उ सीबीआई अफसर बनल बाड़ी। इ अफसर एह बाति के पाता लगावे में लागल बिया कि शहर में जवन मउत हो रहल बा , एकरा पीछे केकर हाथ बा ? कहानी के असली लोचा ई बा कि एहिजा उनकर प्रेमो कहानी बा ।आ, ई प्रेम कहनिए फिलिम के सबसे बड़का कमजोरी बा। जानवरन पs आधारित पारिवारिक फिल्मन में तs अइसन होखल एक तरह से समझहूँ में आवेला बाकिर एगो एक्शन फिलिम अब दर्शकन के इश्क, मोहब्बत अउरी बाकी के फॉर्मूलन से मोह बचा नइखे पवले । कहानी के लय टूटेला अउरी दर्शक बगल की सीट पs बईठल लोगन के देखि के इ बुझे के कोसिस करे लागत बा कि अउरी कवन-कवन लोग एह फिलिम पs आपन समय बरबाद करे आईल बा |
बेअसर रहल मिलिंद सोमन के बड़का परदा पs वापसी
निर्माता, निर्देशक संजय लीला भंसाली के फिलीम ‘बाजीराव मस्तानी’ के बादे मिलिंद सोमन आठ साल के बाद एह फिलीम से बड़का परदा पs वापसी कर रहल बाड़े । इ मानल जाटी रहे कि फिलीम में उ सरप्राइज पैकेज के रूप में होखिहें , बाकिर उनका हिसा में खाली कुछुए सीन आईल बा । आठ साल के बाद अइसन फिलीम करे के पाछे उनकर का सोंच रहल होई , इ बाति तs खाली मिलिंदे सोमन बता सकेले । आ बुला एही के चलते मिलिंद सोमन फिलीम के ट्रेलर लांच के बेरा ना आयिले । फिलीम के विचार अच्छा बा । बाकिर, कहानी अउरी पटकथा कमजोर होखे तs बाकी चीज अपने आपे कमजोर हो जाला । फिलीम के गनवो बड़ा नीरस बा । फिलीमइंटरवल के बादे बहुते बोर करेले अउरी फिलीम के संपादन के इ सबसे बड़हन चूक बा । जीन मार्क सेल्वा के सिनेमैटोग्राफी में जरूर कुछ जान बा , फिलीम में अगर केहू के तारीफ कईल जा सकत बा , तs अकेले खाली उहे बाड़े ।
हरेक विभागे में फेल रहल फिलीम
फिल्म के निर्देशक विक्टर मुखर्जी यो अपना जिम्मेवारी के ठीक से निबाहे में चूक गईले । कहे खातिर तs ई फिलीम एगो भावनात्मक एक्शन फिलीम बा । एक्शन के बारे में रवा सभे जानकारी तs मिलिए गईल होई , आ रहल बाति कुत्तन के प्रति भावना के तs उ अंशुमन के चेहरा पs रत्ती भर केनियो नइखे लउकत । फिल्म ‘लकड़बग्घा’ लेखन, निर्देशन, संगीत, संपादन के अलावा अभिनय के विभागो में फेल भईल बिया । परेश पाहूजा के छोड़ के अउरी कवनो कलाकार आपन रंग नइखे जमा पवले लोग । अंशुमन झा एकरा से पहिले ‘लव सेक्स धोखा’ अउरी ‘मस्तराम’ जइसन वेब सीरीज में लउकले अउरी इ फिलीम देखला के बाद अइसन लागत बा कि बड़ा परदा के हीरोगिरी के गुर सीखे खातिर अभी उनका बहुते समय लागी ।
Comments are closed.