Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नयका यमुना पुल पर वाहन चेकिंग के दौरान कार एआरटीओ के कचलरलस, हालत गंभीर, मेदांता लखनऊ खातिर रेफर

891

नैनी के नयका यमुना ब्रिज पर कार के टक्कर से एआरटीओ प्रवर्तन भूपेश कुमार गुप्ता गंभीर रूप से घायल हो गइल। उनके सिर में गंभीर चोट आइल रहे। आनन फानन में ऊ जीवन ज्योति हास्पिटल में भर्ती करावल गइल, जहां हालत नाजुक देख उनके लखनऊ मेदांता खातिर रेफर कs दिहल गइल रहे।

चिकित्सक के मुताबिक शुरुआती 15 दिन एआरटीओ खातिर अहम बा। घटना के जानकारी होइतही डीएम, आरटीओ सहित तमाम अफसर मौका पर पहुंच गइल। घटना के बाद चालक कार ले के फरार हो गइल बा। पुलिस उनकर खोजबीन में जुटल रहे।

एआरटीओ प्रवर्तन भूपेश कुमार गुप्ता मंगर के भोर में नयका यमुना पुल पर अपने टीम के साथ गाड़ियन के चेकिंग करत रहनें। भोर में करीब पांच बजे एक गाड़ी के नंबर प्लेट के फोटो खींचे खातिर जइसही ऊ सड़क पार करत रहनें कि तेज रफ्तार एगो कार उनके टक्कर मार दीहलस। हादसा में एआरटीओ दूर गिरलें। एहसे उनके मूड़ी में गंभीर चोट आइल।

घटना के बाद चालक कार ले के फरार हो गइल। कर्मचारी लोग एआटीओ के तत्काल जीवन ज्योति हास्पिटल रामबाग में भर्ती करावल। मूड़ी से लगातार खून बहत रहे। हालत गंभीर देख के उन के मेदांता खातिर रेफर कs दिहल गइल। घटना के बाद तमाम अधिकारी मौका पर पहुंच गइल।

429610cookie-checkनयका यमुना पुल पर वाहन चेकिंग के दौरान कार एआरटीओ के कचलरलस, हालत गंभीर, मेदांता लखनऊ खातिर रेफर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.