National Youth Day: सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता में सइयन गो नवहा लिहल लो हिस्सा, अमित रहलें अव्वल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 13, 2025

देवरिया : राष्ट्रीय युवा दिवस के अवसर पs सतराव इस्थित अनन्त महाप्रभु शिक्षण संस्थान में नेहरू युवा केंद्र देवरिया के ओर से सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। एमे सइयन से बेसी नवहा बढ़-चढ़के

Share

सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता के विजेतन के सम्मानित कइल गइल


देवरिया : राष्ट्रीय युवा दिवस के अवसर पs सतराव इस्थित अनन्त महाप्रभु शिक्षण संस्थान में नेहरू युवा केंद्र देवरिया के ओर से सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। एमे सइयन से बेसी नवहा बढ़-चढ़के हिस्सा लिहल लो। प्रतियोगिता में पूछल गइल 50 सामान्य ज्ञान के प्रश्ननन में से 46 प्रश्ननन के सही उत्तर देके अमित कुमार पहिला स्थान पs रहलें। ओहिजा, सिद्धार्थ सिंह दूसरला आ तीसरका स्थान पs संयुक्त रूप से सत्यम गुप्ता, रितेश आ रोहित गुप्ता रहल लो।

प्रतियोगिता के सुरुआत से पहिले मुख्य अतिथि ओमप्रकाश मिश्रा आ उपस्थित नवहा स्वामी विवेकानंद आ माता सरस्वती के चित्र पs माल्यार्पण कs के पुष्पांजलि अर्पित कइलें। सब विजेता छात्र-छात्रा के मुख्य अतिथि ओमप्रकाश मिश्रा आउर विशिष्ट अतिथि शिवम पांडेय सम्मानित कइल लो। मुख्य अतिथि अतिथि ने छात्र-छात्राओं को स्वामी विवेकानंद के जीवन से प्रेरणा लेवे के सलाह देलें। ऊ कहलें कि स्वामी जी अपना प्रेरक विचार, जोश आ जुनून के कारण नवहन के बीच बड़ आकर्षण रहल बाड़ें। शिवम पांडेय सानदार कार्यक्रम के आयोजन खातिर आयोजनकर्ता लोगन के आभार व्यक्त कइलें आ कहलें कि एह तरे के आयोजन से विद्यार्थी के सकारात्मक दिशा में आगे बढ़े के प्रेरणा मिलेला।

1984 से मनावल जा रहल बा राष्ट्रीय युवा दिवस

गौर करे वाला बात बा कि बरिस 1984 में स्वामी विवेकानंद के जन्मदिन 12 जनवरी के भारत सरकार ‘राष्ट्रीय युवा दिवस’ घोषित कइले रहस। तबे से हर बरिस 12 जनवरी के ‘राष्ट्रीय युवा दिवस’ के रूप में मनावल जात बा। ई दिन हमनी के स्वामी विवेकानंद आ उनका विचारन के इयाद दिलावत बा। प्रतियोगिता के आयोजक राहुल मल्ल मुख्य निर्णायक के भूमिको अदा कइलें। एह दौरान सूर्य प्रकाश मिश्रा, आदर्श सिंह, अखिलेश सिंह, आलिया, प्रिय शर्मा, ऋतिक शाह , साहिल कुमार, कृति कुमारी, आदर्श यादव, दीपू जयसवाल आदि उपस्थित रहल लो।

Read Also: Army Chief Gen Dwivedi: चीन-पाकिस्तान से लागल सीमा पs हालात कइसे? सेना प्रमुख बोललें- इस्थिति संवेदनशील, बाकिर इस्थिर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.