Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इजराइल-फिलिस्तीन जंग में अब ले ३ हजार से जादा के मउत, हमास से छीनल गइल गाजा पट्टी के कुछ इलाका के कंट्रोल

6 अक्टूबर के हमास के ओर से इजराइल पs भईल हमला (Israel Gaza Conflect) के देश के 75 साल के इतिहास में सबसे भयानक हमला बतावल जाता। इजराइल में हमास हमला से मरे वालन के गिनिती 900 पार हो गइल बा जबकि गाजा में अबले 765 लोग के मउत हो चुकल बा। 

251

 

आज इजराइल-फिलिस्तीन युद्ध के पांचवा दिन बा, हर दिन बीतत-बीतत युद्ध अउरी तेज आ क्रूर हो रहल बा। अबे ले दुनो ओर से 3 हजार से जादा नागरिक अवुरी जवान के मउत हो चुकल बा। ओने इजराइल दावा कइले बा कि ऊ गाजा सीमा के कुछ इलाका में हमास से नियंत्रण वापस ले लिहले बा। 6 अक्टूबर के हमास के ओर से इजराइल पs भईल हमला के देश के 75 साल के इतिहास में सबसे भयावह हमला बतावल जाता। हमास हमला में इजराइल में मरे वालन के गिनिती 900 से पार हो गइल बा जबकि गाजा में अबले अधिकारियन के हाथे 765 लोग के मउत हो चुकल बा।

हमास के इजराइल के उचित जवाब

इजराइल भी हमास हमला के उचित जवाब दे रहल बा। पीएम बेंजामिन नेतन्याहू चेतवले कि शनिचर के दिने भइल हमला के बाद इजरायल के सैन्य अभियान हमास के खतम करे आ “मध्य पूर्व के बदले” खातिर लगातार लड़ाई के शुरुआत बा। इजराइली सेना के गाजा में जमीनी हमला के डर के बीच एह इलाका में टकराव बढ़े के डर अउरी बढ़ गइल बा। गाजा पट्टी एगो भीड़ वाला जगह ह जहाँ से हमास यहूदी त्योहार के दिने इजराइल पs हवाई आ समुद्री हमला कइलस।

हमास के लड़ाकू बेरहमी से लोग के हत्या कs रहल बाड़े

इजराइल में हमास के हमला देश के 75 साल के इतिहास में सबसे भयावह हमला बा। एह हमला में जान गँवावे वाला लोग के संख्या अबले 900 से अधिका हो गइल बा। एकरा संगे ए युद्ध में अबे ले 765 फिलिस्तीनी के मउत हो चुकल बा। इ जानकारी गाजा के अधिकारी देले बाड़े।यहूदी कानून के मुताबिक लाश बरामद करेवाला संगठन जका के वॉलेंटियर मोती बुक्जिन बतवले कि अकेले बीरी के किबुत्ज़ में हमास के लड़ाकू 100 से जादे लोग के हत्या कs देले बाड़े। उ समाचार एजेंसी एएफपी से कहले कि हमास के लड़ाकू सभके गोली मार देले। लइका, बूढ़ आ नवजात, केहू के ना बख्शल आ सबके बेरहमी से मार दिहले।

हमास भी आईएसआईएस – पीएम नेतन्याहू जइसन

इजराइल के पीएम बेंजामिन नेतन्याहू इजराइल में भइल नरसंहार के तुलना इस्लामिक स्टेट आईएसआईएस के बेरहमी से कइलन। जब सीरिया आ इराक के बड़हन हिस्सा पs आईएसआईएस के नियंत्रण रहे तब ओहिजा भी अइसने अत्याचार भइल। इजराइली नागरिकन पs कइल जा रहल बेरहमी से दुखी पीएम नेतन्याहू सोमार के देर रात टीवी पs राष्ट्र के संबोधित कइलन। उ कहले कि हमास के आतंकी कुल बच्चा के बंधक बना के जरइले आ हत्या कs देले। हमास ओतने जंगली बा जतना आईएसआईएस।

 

 

 

659630cookie-checkइजराइल-फिलिस्तीन जंग में अब ले ३ हजार से जादा के मउत, हमास से छीनल गइल गाजा पट्टी के कुछ इलाका के कंट्रोल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.