[the_ad_group id="30365"]

Gopalganj : टॉप 10 में सामिल कुख्यात बदमास गिरफ्तार: 7 हजार के इनामी आ हत्या सहित कइयन ममिलन में बा आरोपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज पुलिस नगर थाना क्षेत्र से टॉप दस में सामिल 7 हजार के इनामी कुख्यात बदमास के गुप्त सूचना के आधार पs गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार कइल गइल बदमास के पहचान चैलवॉ गांव निवासी चंद्रशेखर खरवार के पुत्र राजा प्रसाद खरवार उर्फ मुन्ना खरवार के रूप में भइल बा।

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें की सदर अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी के नेतृत्व में DIU आ STF के टीम संयुक्त रूप से छापेमारी कs के नगर थाना क्षेत्र से गिरफ्तार कs लेलस। ऊ बतवलें की राजा प्रसाद खरवार उर्फ मुन्ना खरवार एगो सक्रिय अपराधी हs। ऊ पिछला डेढ़ साल से फरार चलत रहे।

7 हजार रुपए के इनामी रहे कुख्यात

गिरफ्तार बदमाश जिला के टॉप दस अपराधियन में सामिल रहे। जवना पs 7 हजार रुपिया के इनाम घोषित कइल गइल रहे। ओकर बहुते लमहर चउड़ा आपराधिक इतिहास रहल बा। ई हत्याकांड में तीन बार जेल जा चुकल बा। 1995 में ऊ पहिला हत्या कइले रहे।

2008 में ऊ एगो व्यक्ति के हत्या कइले रहे। ऊ तीन बेर लूट आ डकैती के कांड में जेल जा चुकल बा। हाल के दिनन में ऊ अपराध में सक्रिय रहल बा। ओकर सात से आठ गो आपराधिक कृत्य के इतिहास रहल बा। संगही डीआईयू आ एसटीएफ के टीम के सात हजार रुपिया से पुरस्कृत कइल जाई।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]