Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जम्मू कश्मीर: राजोरी के डांगरी में आईईडी ब्लास्ट, धमाका में एगो लइका के मौत, चौक पर होत रहल प्रदर्शन

236

जम्मू संभाग के राजोरी जिला के डांगरी इलाके में आईईडी ब्लास्ट भइल बा। एहमें एगो लइका के मौत हो गइल बा अउर एक के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। घायलन के नजदीकी अस्पताल ले जाइल गइल बा। डांगरी क्षेत्र में 24 घंटा में दूसर बड़ घटना बा। एहसे पहिले अतवार के आतंकी लोग लक्षित हत्या के अंजाम दिहल बा। बतावल जा रहल बा कि ई धमाका भी पीड़ित के घर के लग्गही भइल बा। मौका पर पुलिस, सुरक्षा बल के टीम मौजूद बा।

साल 2023 के पहिले दिन के साँझ के नकाबपोश दू आतंकियन के नियंत्रण रेखा से सटल राजोरी जिला के डांगरी गांव में अंधाधुंध फायरिंग कइलें। एहमें चार लोग के मौत हो गइल अउर छह लोग घाही भइल बानें जेमें तीन के हालत गंभीर बा। उनके एयरलिफ्ट कs के जम्मू जीएमसी में भर्ती कइल गइल बा।

सोमार के सुबह आतंकी हमला के खिलाफ लोग डांगरी के मुख्य चौक पर शव के रख के प्रदर्शन कs रहल बाने। लोग के मांग बा कि आतंकियन के खिलाफ कड़ कार्रवाई कइल जाव। साथही ऊ पीड़ितन के परिवार के उचित मुआवजा के मांग कइले। कुछ प्रदर्शनकारी राजोरी जिला उपायुक्त अउर एसएसपी के तबादला के मांग भी कर रहल बानें।

टीआरएफ लिहलस जिम्मेदारी

भारत-पाकिस्तान नियंत्रण रेखा से सटल राजोरी जिला में नकाबपोश दू आतंकी सब अल्पसंख्यक मोहल्ला में अंधाधुंध फायरिंग कs के एक युवक समेत चार लोग के हत्या कs दिहल। मरे वालन के पहचान दीपक कुमार (23), सतीश कुमार (45) एक्समैन अउर प्रीतम लाल (56) सब निवासी डांगरी के रूप में भइल बा। एगो दूसर व्यक्ति के मौत बाद में अस्पताल में हो गइल। आतंकी लोग पहिले एगो घर में घुस के आधार कार्ड देखलें अउर फिर फायरिंग कs दीहलें। टीआरएफ हमला के जिम्मेदारी लिहले बा।

428190cookie-checkजम्मू कश्मीर: राजोरी के डांगरी में आईईडी ब्लास्ट, धमाका में एगो लइका के मौत, चौक पर होत रहल प्रदर्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.