Pathaan: पाकिस्तानी गाना के चोरी कs के बनल ‘पठान’ के ‘बेशरम रंग’? सिंगर सज्जाद अली वीडियो शेयर कs के लगवलें आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 2, 2023

शाहरुख खान के फिल्म ‘पठान’ के गाने ‘बेशरम रंग’ के ले के विवाद खत्म होखे के नाम नइखे लेत। ‘बेशरम रंग’ में दीपिका पादुकोण के बिकिनी के ले के शुरू भइल बवाल के बीच भारत

Share

शाहरुख खान के फिल्म ‘पठान’ के गाने ‘बेशरम रंग’ के ले के विवाद खत्म होखे के नाम नइखे लेत। ‘बेशरम रंग’ में दीपिका पादुकोण के बिकिनी के ले के शुरू भइल बवाल के बीच भारत में खूब विरोध प्रदर्शन भइल, जेकरे बाद सेंसर बोर्ड मेकर्स के एहमें कुछ बदलाव के सलाह दीहले बानें। उहवें, अब पाकिस्तान के सिंगर सज्जाद अली इसपर तंज कसले बानें। अइसन में एक बेर फिर ‘बेशरम रंग’ विवाद में आ गइल बा।

पठान
पाकिस्तानी सिंगर सज्जाद अली बिना नाम लिहलही ‘बेशरम रंग’ पर निशाना सधले बानें। उनकर कहनाम बा कि ‘बेशरम रंग’ उनके कई साल पुरान गाना ‘अब के हम बिछड़े’ से मिलत जुलत बा। दरअसल, सज्जाद अली अपने इंस्टाग्राम अकाउंट पर एगो वीडियो शेयर कइले बानें। एह वीडियो में ऊ कहत बानें कि ऊ आवे वाली फिल्म के एगो गाना सुनलें, जिसे सुनतही उनके अपने सालों पहिले लिखल गाना याद आ गइल।
पठान
सज्जाद अली वीडियो में नाम त नाइ लिहनें लेकिन सोशल मीडिया यूजर्स के मानल बीय कि उनकर इशारा ‘पठान’ के गाना ‘बेशरम रंग’ के ओर बा। यूजर्स कमेंट कर आपन प्रतिक्रिया भी दे रहल बा। एक जनी लिखनें, ‘बेशरम रंग सज्जाद अली के म्यूजिक कंपोजिशन पर आधारित बा। भारत के लोग पाकिस्तानी गाना चुरावेने अउर उनके क्रेडिट भी नइखे देहलें।’ उहवें, दूसरो जनीं लिखनें, ‘ई त बेशरम रंग जइसने लागsता।’ एकरे अलावा कुछ लोग के कहनाम कि दूनों ही गाना एकदम अलग बा अउर ‘बेशरम रंग’ एकर कॉपी नइखे।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.