Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उत्तर प्रदेश के पांच एमएलसी सीट पर 30 जनवरी के होई मतदान, दू फरवरी के आई नतीजा

39 जिला में आचार संहिता लागू

374
Google Ads 300*250 for posts

विधान परिषद के शिक्षक अउर स्नातक क्षेत्र के पांच सीट पर चुनाव खातिर मतदान 30 जनवरी के होई। भारत निर्वाचन आयोग बियफे के चुनाव कार्यक्रम जारी कइलस। नामांकन 12 जनवरी ले दाखिल कइल जाई अउर मतगणना दू फरवरी के होई। परिषद चुनाव के घोषणा के सथही एकरे दायरा में आवे वाला 39 जिला में आदर्श आचार संहिता लागू हो गइल बा।

गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक, कानपुर खंड स्नातक, बरेली-मुरादाबाद खंड स्नातक, इलाहाबाद झांसी खंड शिक्षक अउर कानपुर खंड शिक्षक में चुनाव खातिर पांच जनवरी के अधिसूचना जारी कइल जाई। पांच से 12 जनवरी ले नामांकन दाखिल कइल जाई। 13 जनवरी के नामांकन पत्र के जांच होई अउर 16 जनवरी ले उम्मीदवार नाम वापस ले सकेने।

बता देईं कि गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक से एमएलसी देवेंद्र प्रताप सिंह, कानपुर खंड स्नातक से अरुण पाठक, बरेली-मुरादाबाद खंड स्नातक से डॉ. जयपाल सिंह व्यस्त, इलाहाबाद झांसी खंड शिक्षक से सुरेश कुमार त्रिपाठी अउर कानपुर खंड शिक्षक से राजबहादुर सिंह चंदेल के कार्यकाल 12 फरवरी के पूरा हो रहल बा।

39 जिला में आचार संहिता लागू

विधान परिषद के शिक्षक अउर स्नातक खंड के पांच सीट के चुनाव के मद्देनजर प्रदेश के 39 जिला में आचार संहिता लागू कइल गइल बा। प्रयागराज, कौशांबी, फतेहपुर, बांदा, चित्रकूट, हमीरपुर, महोबा, जालौन, झांसी, ललितपुर, कानपुर नगर, कानपुर देहात, उन्नाव, बरेली, पीलीभीत, शाहजहांपुर, बदायूं, रामपुर, मुरादाबाद, अमरोहा, बिजनौर, संभल, बहराइच, श्रावस्ती, गोंडा, बलरामपुर, बस्ती, सिद्धार्थनगर, संतकबीर नगर, गोरखपुर, महराजगंज, देवरिया, कुशीनगर, आजमगढ़, मऊ, सुल्तानपुर, अयोध्या, अमेठी अउर अंबेडकर नगर में 4 फरवरी ले आचार संहिता लागू रही।

425590cookie-checkउत्तर प्रदेश के पांच एमएलसी सीट पर 30 जनवरी के होई मतदान, दू फरवरी के आई नतीजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.