Sushant Singh Rajput के बहिन कइली पोस्टमॉर्टम करे वाला कर्मचारी के खातिर सुरक्षा के मांग, डेथ के लेके कइली बड़ दावा
रउआ के बता दीं कि सुशांत सिंह राजपूत के निधन के बाद उनका आखिरी बार दिल बेचारा रिलीज भइल रहे। एह फिल्म के थिएटर पs नइखे बलुक ओटीटी प्लेटफॉर्म डिज्नी प्लस हॉटस्टार पs रिलीज कइल गइल रहे। एह फिल्म में एक्ट्रेस संजना सांघी नजर आइल रहली।
Sushant Singh Rajput Murder Case: बॉलीवुड दिवंगत एक्टर सुशांत सिंह राजपूत के निधन समूचा देस के हिलाके रख देलस। सुशांत सिंह राजपूत 14 जून, 2020 के मुंबई इस्थित अपना फ्लैट में मृत पावल गइल रहे। ई खबर ना खाली सुशांत के परिवार बलुक उनकर फैंस आ पूरा इंडस्ट्री के हिलाकर रख देले रहे। एक के बाद एक एह केस में नया मोड़ देखे के मिले। ओहिजा अब सुशांत के मौत के दु साल बाद ई केस एगो नया मोड़ ले लेले रहे। बता दीं कि उनकर पोस्टमॉर्टम से जुड़ल एगो बड़ सच सामने आइल रहे। साल 2020 में सुशांत के मौत के बाद उनका देह के पोस्टमार्टम कूपर अस्पताल में कइल गइल रहे। ओह दौरान ई दावा कइल गइल रहे कि उनकर बॉडी पs कवनो निशान ना रहे आ ऊ सुसाइड कइलें रहलें, बाकिर अब पोस्टमार्टम के टीम के एगो कर्मचारी द्वारा एह सारा दावन के गलत बतावल गइल बा। अइंसन में अब सुशांत के बहन श्वेता सिंह कीर्ति उनकर सुरक्षा खातिर गुहार लगवले बाड़ी।
श्वेता सिंह कइली सुरक्षा के मांग
दरअसल, कूपर अस्पताल के मॉर्चुअरी के एगो स्टाफ रूपकुमार शाह सुशांत सिंह राजपूत के पोस्टमार्टम के लेके एगो बड़ खुलासा कइलें बाड़ें। रूपकुमार मीडिया के बतवलें कि सुशांत सिंह के बॉडी जब आइल तs ऊ ओहिजा रहस। ऊ सुसाइड ना कइलें रहस, बलुक उनकर हत्या भइल रहे। अइसन में अब श्वेता सिंह कीर्ति रूपकुमार के सुरक्षा के मांग करत हुए एगो ट्वीट शेयर कइलें रहस। ऊ अपना ट्विटर अकाउंट पs लिखली, ‘हमनी के एह बात के धेयान राखे के होई कि रूपकुमार सुरक्षित रहस। CBI सुशांत के केस पs समयबद्ध रहे।’ एकरा संगही ऊ अपना ट्वीट के गृहमंत्री अमित शाह आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के टैग कइलें बाड़ी।
सुशांत के देह पs रहे चोट के निशान
मुंबई इस्थित एगो अस्पताल के पोस्टमार्टम करे वाला कर्मचारी रूपकुमार शाह समाचार एजेंसी एएनआई से बात करत सुशांत सिंह राजपूत के चउकावे वाला खुलासा कइलें रहस। ऊ एएनआई से कहलें, हम 14-15 तारीख के ड्यूटी पs काम करत रहनी। ओह दौरान हम जब सुशांत के शव देखनी तब हमरा ऊ सुसाइड के ममिला ना लागत रहे। उनका देह पs एगो ना बलुक चोट के कइयन गो निशान रहे।’ हालांकि खबर भोजपुरी एकर पुष्टि नइखे करत।
Comments are closed.