Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

धुरियापार इंडस्ट्रियल टाउनशिप: 1,843 एकड़ में लागी उद्योग, 10 हजार लोग के मिली रोजगार

423
Google Ads 300*250 for posts
गोरखपुर जिला के धुरियापार इंडस्ट्रियल टाउनशिप में करीब 1,843 एकड़ में उद्योग लागी अउर करीब 10 हजार से अधिक लोग के रोजगार मिली। गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) प्रशासन धुरियापार इंडस्ट्रियल टाउनशिप के मास्टर प्लान पs प्रक्रिया तेज कs दिहले बा।
एही क्रम में गीडा के मुख्य कार्यपालक अधिकारी संबंधित विभागन के अधिकारियन के संगे पहिले बैठक कइलें अउर फिर क्षेत्र के निरीक्षण कs के कई जरूरी पहलुअन के मास्टर प्लान में शामिल करे के निर्णय लिहले बानें। एकरे तहत इंडस्ट्रियल टाउनशिप के रोड अउर रेल कनेक्टिविटी पर विशेष ध्यान दिहल जाए के बा। 18 गाँव के 5,754 एकड़ जमीन में बसे वाले नवीन धुरियापार इंडस्ट्रियल टाउनशिप के ड्राफ्ट मास्टर प्लान मेसर्स रुद्राभिषेक इंटरप्राइजेज लिमिटेड द्वारा तैयार कइल गइल बा।
एकरे अनुसार कुल क्षेत्रफल में 32.04 प्रतिशत क्षेत्र औद्योगिक, 19.39 प्रतिशत आवासीय, 6.51 प्रतिशत पीएसपी, 4.21 प्रतिशत व्यावसायिक, 15.70 प्रतिशत हरित-खुला क्षेत्र, 2.32 प्रतिशत मिश्रित, 4.17 प्रतिशत ट्रांसपोर्ट सुविधा खातिर प्रस्तावित कइल गइल बा। एकर प्रेजेंटेशन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सोझे हो चुकल बा।
ड्राफ्ट मास्टर प्लान के संबंध में संबंधित विभाग से सुझाव लेवे अउर विचार विमर्श खातिर मुख्य कार्यपालक अधिकारी पवन अग्रवाल बियफे के अपने कार्यालय में बैठक कइलें। एहमें लोक निर्माण विभाग, सिंचाई, विद्युत ट्रांसमिशन, अग्निशमन, प्रदूषण नियंत्रण, पूर्वोत्तर रेलवे, जल निगम आदि के अधिकारी लोग शामिल भइलें।
411920cookie-checkधुरियापार इंडस्ट्रियल टाउनशिप: 1,843 एकड़ में लागी उद्योग, 10 हजार लोग के मिली रोजगार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.