Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्नातक निर्वाचन: 13173 लोग मतदाता बने खातिर कइलें आवेदन, अब वोटर बनले के मौका खतम

616
गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक निर्वाचन क्षेत्र से एमएलसी निर्वाचन खातिर मतदाता बने खातिर 13 हजार 173 स्नातक लोग अर्जी देहले बानें। जांच के बाद एह आवेदक के मतदाता बनले पर पूरा निर्वाचन क्षेत्र में मतदाता संख्या 2 लाख 22 हजार 236 हो जाई। पहिले चरण में दू लाख नौ हजार 63 मतदाता बनल रहनें।
खंड स्नातक निर्वाचन के हर चुनाव में नयका सिरे से मतदाता सूची तैयार कइल जाला। एह बेर के चुनाव खातिर एक महीना से अधिक समय ले मतदाता बने के समय दिहल गइल रहे। पहिले चरण में बड़ संख्या में आवेदन आइल। गोरखपुर जिला में सर्वाधिक लोग अर्जी कइले। इहां से 40 हजार 613 लोग मतदाता बनने। पहिले चरण में आइल अर्जी के आधार पर तैयार अनंतिम मतदाता सूची पर 23 नवंबर से नौ दिसंबर ले आपत्ति आमंत्रित कइल गइल रहे।
एह दौरान लोग के लग्गे मतदाता बनलहू के अवसर रहल। पहिले चरण में छूट गइल लोग एह बीच आवेदन कइले बानें। आवेदन करे वालन में सर्वाधिक संख्या देवरिया जिला में रहल। सबसे कम आवेदन संतकबीनगर जिला में आइल। सहायक जिला निर्वाचन अधिकारी जेएन मौर्य बतवलें कि 23 नवंबर से नौ दिसंबर के बीच आइल आवेदन के जांच चल रहल बा।

17 जिला के मतदाता डरिहें वोट

गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक निर्वाचन क्षेत्र में 17 जिला के मतदाता वोट डरिहें। कमिश्नर गोरखपुर एह चुनाव के रिटर्निंग ऑफिसर हवें। एह सीट से चुनाव लड़ले के दावेदार लोग अधिक से अधिक मतदाता बनावे पर जोर लगा दिहले बानें। एह चुनाव में अधिकतर मतदाता दावेदारन के कोशिश के आधार पर ही बनेने। अपने से आ के आवेदन करे वालन के संख्या कम होला।

जनपद  23 नवंबर तक मतदाता लोग के संख्या 23 नवंबर से दो दिसंबर तक प्राप्त आवेदन
गोरखपुर 40613 1320
महराजगंज 11183 1126
देवरिया 15008 3810
कुशीनगर 12009 553
गोंडा 5642 133
बहराइच 6620 844
श्रावस्ती 2173 26
बलरामपुर 3607 40
अयोध्या 11383 291
अंबेडकरनगर 11863 440
अमेठी 6083 29
सुल्तानपुर 13504 437
बस्ती 14562 386
संतकबीरनगर 6741 09
सिद्धार्थनगर 3813 1060
आजमगढ़ 26572 1458
मऊ 17687 1211
कुल 209063 13173
410690cookie-checkस्नातक निर्वाचन: 13173 लोग मतदाता बने खातिर कइलें आवेदन, अब वोटर बनले के मौका खतम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.