7th Pay Commission: 18 महीना के DA एरियर पर आइल बड़ अपडेट, ना मिली कर्मचारियन के पईसा, वित्त राज्य मंत्री देलें जानकारी

Anurag Ranjan

7th Pay Commission: सरकार केंद्रीय कर्मचारियन (Central Government Employees) के बड़ झटका देले बिया। जदि रउओ 18 महीना के डीए एरियर (18 Months DA Arrears) के इंतजार कर रहल बानी तs रउआ खातिर बड़ अपडेट बा।

वित्तमंत्रालय (Finance Ministry) के तरफ से राज्यसभा में एह बारे में जानकारी दिहल गइल बा। सरकार राज्य सभा में कहलस कि कर्मचारियन के ओह लोगन  के 18 महीना के लटकल डीए एरियर (DA Arrear) के पईसा ना मिली।

ना मिली पईसा

सरकार जानकारी देत कहलस कि कर्मचारियन के तीन किस्तन के पईसा ना दिहल जाई। एह तरह के सरकार के तरफ से फिलहाल अभी कवनो प्रावधान नइखे। ई डीए एरियर के पईसा महामारी के समय के हs, कोराना काल में सरकार डीए एरियर आ पेंशनर्स के डीआर के रोक देले रहे।

वित्तराज्य मंत्री देले जानकारी

राज्यसभा सांसद नारण-भाई जे राठवा से सवाल पूछल गइल कि का सरकार कर्मचारियन के ओह लोग के डीए एरियर के पईसा दी… तs एह सवाल के जवाब में वित्त राज्य मंत्री पंकज चौधरी कहलें कि केंद्रीय कर्मचारियन आ पेंशनर्स के तरफ से 18 महीना के डीए एरियर के लेके कइयन गो मांग आ रहल बा, बाकिर कोरोना काल में प्रतिकूल वित्तीय प्रभाव के वजह से एह पईसा के जारी करे के कवनो प्लान नइखे।

कर्मचारी यूनियन बा नाखुश

सरकार के तरफ से आइल एह रिएक्शन से कर्मचारी यूनियन एकदमे खुस नइखे। ओकर कहनाम बा कि एह पईसा के रोकल नइखे जा सकत। कोरोना काल में डीए ना बढ़ला के बादो कर्मचारी लोग काम कइले बा लो। बता दीं सरकार के एह अवधि के महंगाई भत्ता जारी ना कइला से करीब 34,000 करोड़ रुपिया के बचत भइल बा।

नया साल में फेर बढ़ी डीए

केंद्र सरकार 1 जनवरी 2020 से 30 जून 2021 के बीच 18 महीना के डीए एरियर के पईसा अभी तक नइखे दिहल गइल बा आ फिलहाल अब सरकार एह पईसा के देवे से इनकार कर देले बिया। एह समय कर्मचारियन के 38 फीसदी के दर से डीए मिल रहल बा आ जल्दिये जनवरी महीना में माने नया साल में एक बेर फेर से डीए में इजाफा हो जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।