Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत बनाम न्यूजीलैंड तीसरा वनडे: भारत रखलस न्यूजीलैंड के सोझे 220 रन के लक्ष्य

621
Google Ads 300*250 for posts

भारत बनाम न्यूजीलैंड तीसरा वनडे में भारत पहिले बल्लेबाजी करत न्यूजीलैंड के सामने 220 रन के लक्ष्य रखले बा। वाशिंगटन सुंदर के रूप में भारत के आखिरी विकेट गिरल। टिम साउदी उनके टॉम लाथम के हाथों कैच आउट करवलें। दूसरे छोर पर उमरान मलिक नाबाद रहनें।

एह मैच में टॉस हार के बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम के शुरुआत कुछ खास नाइ रहल। धवन अउर गिल के जोड़ी धीमा शुरुआत कइलस लेकिन बड़ साझेदारी नाइ क पवलस। गिल 22 गेद में 13 रन बना के आउट हो गइलें। एह समय टीम के स्कोर 39 रन रहल। एकरे बाद भारतीय टीम नियमित अंतराल पर विकेट गंवावत गइल। कप्तान धवन 28, ऋषभ पंत 10 अउर सूर्यकुमार यादव छह रन बना के आउट हो।गइलें।

एही बीच श्रेयस अय्यर एक छोर सम्हरले अउर 59 गेंद में 49 रन बनवलें। अंत में वाशिंगटन सुंदर 64 गेंद में 51 रन के पारी खेल के भारत के स्कोर 200 के पार पहुंचवलें। दीपक हुड्डा अउर दीपक चाहर  12-12 रन बनवलें। न्यूजीलैंड खातिर एडम मिल्ने अउर डेरिल मिशेल  तीन-तीन विकेट लिहलें। लॉकी फर्ग्यूसन अउर मिशेल सैंटनर के एक-एक विकेट मिलल।

395570cookie-checkभारत बनाम न्यूजीलैंड तीसरा वनडे: भारत रखलस न्यूजीलैंड के सोझे 220 रन के लक्ष्य

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.