IND vs NZ: भारत के शर्मनाक हार पs दिग्गज पूछल लो सवाल, देखीं रिएक्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 3, 2024

भारत आ न्यूजीलैंड के बीच खेलल गइल तीन मैचन के टेस्ट सीरीज अतवार के खत्म हो गइल। लगातार तीसरका मुकाबला में हार के संगे रोहित शर्मा के टीम 0-3 से सीरीज गंवा देलस। ई पहिला

Share

भारत आ न्यूजीलैंड के बीच खेलल गइल तीन मैचन के टेस्ट सीरीज अतवार के खत्म हो गइल। लगातार तीसरका मुकाबला में हार के संगे रोहित शर्मा के टीम 0-3 से सीरीज गंवा देलस। ई पहिला मवका हs जब भारत अपना घर में तीन भा एकरा से जादे मैचन के टेस्ट सीरीज में क्लीन स्वीप भइल बा। मुंबई टेस्ट के बाद दिग्गज लोग मुख्य कोच गौतम गंभीर आ कप्तान रोहित से सवाल कइले बा लो।

टॉम लाथम के कप्तानी में कीवी खिलाड़ी रचल लो इतिहास

न्यूजीलैंड वानखेड़े में 25 रन से जीत के संगे भारत के सूपड़ा साफ कs देलस। ई सीरीज जीतके न्यूजीलैंड के टीम इतिहास रच देलस। ऊ ना खाली पहिला बेर भारत में टेस्ट सीरीज जीतल, बलुक टीम के क्लीन स्वीपो कइलस। टॉम लाथम पहिला बेर टीम के कमान संभारत रहस आ केन विलियम्सन मवजूद ना रहस। एह सबका बावजूद न्यूजीलैंड कवनो कसर ना छोड़लस आ मुकाबला जीत लेलस।

बल्लेबाज लोग कइल निराश

नया कोच गौतम गंभीर के कोचिंग में भारतीय टीम लगातार खराब प्रदर्शन कs रहल बिया। बांग्लादेश के खिलाफ सीरीज जीतला के बाद उम्मीद रहे कि टीम इंडिया मेहमानन के खिलाफ अच्छा प्रदर्शन करी, बाकिर भारत के बल्लेबाजी क्रम तीनो मुकाबला में विफल रहल। न्यूजीलैंड भारत के तीन भा एकरा से जादे मैचन के टेस्ट सीरीज में क्लीन स्वीप करे वाला चउथा टीम हियs। एकरा पहिले इंग्लैंड भारत के खिलाफ चार बेर, ऑस्ट्रेलिया तीन बेर आ वेस्टइंडीज एक बार क्लीन स्वीप कइले बा।

भारत के शर्मनाक हार पs अब दिग्गजन के गुस्सा फूटल बा। हर केहू खातिर एह बात पs विश्वास कइल मुश्किल हो रहल बा कि मेजबान टीम 0-3 से सीरीज गंवा चुकल बिया। आईं देखल जाव सभे के रिएक्शंस…


https://www.instagram.com/p/DB5rY_BTqaU/?igsh=dzAyYmFyeXRtcXRu

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.