Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दू दिन ले कइलस लाश के टुकड़ा…सबसे पहिले कटलस हाथ अउर पैर, फ्लैट में आवत रहे एगो अउर लइकी

353
मृतका श्रद्धा

ई खुलासा महरौली पुलिस के गिरफ्त में मौजूद आफताब पूछताछ में कइले बा। पुलिस देर रात आफताब के संगे ले के मृतका के शव के टुकड़ा बरामद करे में लागल रहे। पुलिस उनकर निशानदेही पर चापर आदि के बरामद करे के कोशिश चल रहल बा।
मृतका श्रद्धा वाकर और हत्यारोपी आफताब

दक्षिण जिला के एक पुलिस अधिकारी बतवलें कि आफताब अउर श्रद्धा  छतरपुर में 15 मई के किराया पर कमरा लिहले रहे। ई 18 मई के श्रृद्धा के गला दबा के हत्या कs देहलस। एकरे बाद उ घबरा गइल। एकरे बाद ओके विदेशी क्राइम सीरियल डेक्स्टर के याद आइल।
आरोपी आफताब और मृतका श्रद्धा

आरोपी बचपन में ई सीरियल देखत रहे। ऊ 18 मई के श्रद्धा के शव के बाथरूम में रख दिहलस। अगले दिन ऊ बाजार गइल अउर बड़ वाला फ्रिज, चापड़, पाउडर, फ्रेशनर अउर दूसर सामान लेकर आइल। अगिले दिन यानि 19 मई के ऊ श्रद्धा के शव के टुकड़ा कइल शुरू कइलस।
मृतका श्रद्धा और पुलिस हिरासत में हत्यारोपी आफताब

उ सबसे पहिले ओकर हाथ पैर कटलस। एकरे बाद ऊ दू दिन ले लाश के टुकड़ा करत रहल। टुकड़ा धोए अउर पोछ के बोरिक पाउडर लगावे। एकरे बाद वह पॉलिथीन में पैक कs के फ्रीज में रख दे।
380340cookie-checkदू दिन ले कइलस लाश के टुकड़ा…सबसे पहिले कटलस हाथ अउर पैर, फ्लैट में आवत रहे एगो अउर लइकी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.