मध्यप्रदेश के सतना के चित्रकूट में दीपावली के दूसरे दिन एह बेर भी गदहन के मेला लागल। मेला में सबसे महंग बिकाइल गदहन के नाम सलमान अउर शाहरुख बतावल जा रहल बा, जेकरे बदले उनके मालिक के एक लाख अउर 90 हजार रुपये मिलल। बाकी गदहे 30 हजार से 60 हजार रुपये के बीच बिकल बानें।
एह मेला के खासियत ई बा कि एकर शुरुआत मुगल शासक औरंगजेब करवलें। सतना जिला के चित्रकूट नगर पंचायत एह मेला के आयोजन करेले। एह बार ए मेला में मध्यप्रदेश अउर उत्तरप्रदेश ही नाइ बलुक बिहार, छत्तीसगढ़ अउर अन्य राज्यन से भी व्यापारी पहुंचल बानें। पांच हजार से अधिक गदहे अउर खच्चर बेचे खातिर मेले में आइल बानें। मजा के बात त ई बा कि गदहन के खरीदले-बेचे वालन से ज्यादा भीड़ एह मेला के देखे वालन के बा।

नाम बनावेने एह गदहन के खास
मुगल सेना में गदहन अउर खच्चर के महत्वपूर्ण योगदान रहत रहे। चित्रकूट के मेला से ही औरंगजेब अपने सेना खातिर गदहा-खच्चर मंगववलें। एसे एकर महत्व बढ़ जाला। कई व्यापारी अपने गदहा के नाम फिल्मी सितारन के नाम पर रखे अउर इहे पहचान ओके आम से खास बना देला। एह मेला में उन्नत किस्म के गदहा अउर खच्चर बिकले खातिर आवेने।

हर गदहा के लागsला एंट्री फीस
गदहन के मेला में गधा बेचे खातिर एंट्री फीस भी देवे के पड़sला। चित्रकूट नगर पंचायत प्रत्येक गदहा के 300 रुपया एंट्री फीस वसूलेले । एही तरह एक खूंटा खातिर 30 रुपया देवें के पड़sला। एकरे बाद गदहन ख़ातिर बोली लागsला अउर गदहन के नस्ल अउर सेहत के देख के कीमत तय कइल जाला। औसतन तीन से चार हजार गदहे हर साल एह मेला में बिक जाने सब।
साभार – अमर उजाला