Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs PAK T20 World Cup 2022: दीवाली से पहिले मेलबर्न में भारत बनाम पाकिस्तान मैच के धमाका आज, का पाकिस्तान आ बाबर से बदला ले पइहें कप्तान रोहित?

IND vs PAK T20 World Cup 2022 : रोहित शर्मा के अगुवाई में भारतीय टीम टी20 वर्ल्ड कप 2022 में अपना अभियान के आगाज चिर-प्रतिद्वंदी पाकिस्तान के खिलाफ करी। मैच भारतीय समय के मोताबिक डेढ बजे से शुरू होई।

991
Google Ads 300*250 for posts

IND vs PAK T20 World Cup 2022: रोहित शर्मा के अगुवाई में भारतीय टीम टी20 वर्ल्ड कप 2022 में अपना अभियान के आगाज चिर-प्रतिद्वंदी पाकिस्तान के खिलाफ करी। ई मैच भारतीय समय के मोतबिक डेढ बजे शुरू होई। मेलबर्न क्रिकेट ग्राउंड प खेलल जाये वाला एह मैच में बारिश खलनायक के रोल अदा क सकेला। पिछला कुछ दिनन से इहां के मौसम निम्नन नइखे रहल। देखे वाला बात ई होई कि मैच के दौरान का बारिश खलल डाली कि ना। वोइसे, निम्मन खबर खबर ई बा कि आज बरखा के उम्मेद कम बा।

बात भारत बनाम पाकिस्तान भिड़ंत के कइल जाव त टीम इंडिया के घायल शेरन के नजर एह मुकाबला में पाकिस्तान से पिछला हार के बदला चुकता करे प होई। 2021 टी20 वर्ल्ड कप के दौरान जब भारत आ पाकिस्तान के आमना सामना भइल रहे त बाबर आजम के टीम भारत के 10 विकेट के बड़ अंतर से धूल चटवले रहे। ई पाकिस्तान के भारत के खिलाफ टी20 वर्ल्ड कप में पाहिला जीत रहे।

आज के मैच से मौसम साफ होखला के खबर बा। करीब 1 लाख लोग के मैच में बतौर दर्शक पहुंचला के उम्मेद बा।

भारत बनाम पाकिस्तान संभावित प्लेइंग इलेवन-

भारत के संभावित प्लेइंग XI- रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, ऋषभ पंत/अक्षर पटेल, हार्दिक पांड्या, दिनेश कार्तिक, भुवनेश्वर कुमार, मोहम्मद शमी, अर्शदीप सिंह, युजवेंद्र चहल।

पाकिस्तान की संभावित प्लेइंग XI- बाबर आजम (कप्तान), मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), शान मसूद, शादाब खान, मोहम्मद नवाज, हैदर अली, इफ्तिखार अहमद, आसिफ अली, नसीम शाह, हारिस रऊफ, शाहीन शाह अफरीदी।

361110cookie-checkIND vs PAK T20 World Cup 2022: दीवाली से पहिले मेलबर्न में भारत बनाम पाकिस्तान मैच के धमाका आज, का पाकिस्तान आ बाबर से बदला ले पइहें कप्तान रोहित?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.