[the_ad_group id="30365"]

आजमगढ़: दु हजार दिया जराके लईका मनावल लो दीपोत्सव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजमगढ़। साड़ी तहसील के अजमतगढ़ ब्लाक के प्राथमिक विद्यालय दाममहुला केलईकन द्वारा के दु हजार से ऊपर दिया जराके दीपोत्सव पर्व धूमधाम से मनावल गइल। एह दौरान लईकन में शिक्षकन के निरदेसन में आकर्षक रंगोली बनावे के लेके बहुते उत्साहित रहल।

धनतेरस पर्व के देखत विद्यालय के लईका लोग सनीचर के सुबरही से दीपोत्सव मनावे के तइयारी में जुट गइलें। लईकन द्वारा विधिवत तरीका से हजारन दीपक विद्यालय परिषर में जराके रंगोली आदि बनावल गइल आ उत्साह सहित दीपोत्सव के त्योहार अध्यापकन के संगे धूमधाम से मनावल गइल।विद्यालय परिसर में मां सरस्वती के चित्र प दिया जराके फूल माला चढ़ाकर विधिवत पूजन अर्चना क के शिक्षा के देवी से कामना कइल गइल।

अंत में शिक्षक लोग लईकन के बीचे मिठाई वितरण कइल लो आ ओह लो के उज्जवल भविष्य के कामना कइलस लो। विद्यालय परिसर प कइयन बरिसन से दीपोत्सव कार्यक्रम के आयोजन कइल जा रहल बा, जवना से छात्रन में दीपावली के लेके बहुते उत्साह रहेला। शिक्षक लोग छात्रन के जागरूक करत कहल लोग कि कवनो लईका पटाखा एकदम ना जरावे आ दोसरो केहु के पटाखा ना जरावे खातिर प्रेरित करे। एह मवका प प्रधानाध्यापक अविनाश, महेंद्र शाही, राधिका गोंड, मीरा यादव, पार्थ सारथी, पारली मिश्रा आदि मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]