मुख्यमंत्री कहलें कि दीपोत्सव में भगवान श्रीराम के अयोध्या वापसी, भरत मिलाप, श्रीराम राज्याभिषेक प्रसंग के प्रतीकात्मक चित्रण भी होई। प्रधानमंत्री के ओर से सरयू के आरती भी उतारल जाई। ऊ कहलें कि एह अवसर पर समयानुकूल सुमधुर भजन, आरती, मानस के चौपाई अउर दोहा के गायन होखे के चाहीं। ऊ कहलें कि एसे समारोह अउर अधिक शोभायमान अउर अविस्मरणीय होई। ऊ कहलें कि मुख्य समारोह से पहले पूरे अयोध्या जिला में स्वच्छता अउर सैनिटाइजेशन का विशेष अभियान चलावल जाय। कौनो भी श्रद्धालु अथवा पर्यटक के अनावश्यक परेशानी न उठावे के पड़े।
मुख्यमंत्री प्रधानमंत्री के मौजूदगी के चलते सुरक्षा व्यवस्था के पुख्ता इंतजाम करने के निर्देश दिहलें। उ कहलें कि प्रधानमंत्री के सुरक्षा व्यवस्था के मानक के पूरा तरह पालन होखे के चाहीं। एहमें गलती के कौनो गुंजाइश नाइ होखे के चाहीं। ऊ अयोध्या के सीमावर्ती जिला के अलर्ट रखले अउर सीमा पर अपर पुलिस अधीक्षक स्तर के अधिकारियन के तैनात करे के निर्देश देहलें। ऊ अयोध्या में निर्बाध विद्युत आपूर्ति सुनिश्चित करे के भी निर्देश दिहलें।