Diwali 2024 Date: कब मनावल जाई दिवाली 31 अक्टूबर आ 1 नवंबर? दूर करीं कंफ्यूजन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 15, 2024

दिवाली के त्योहार देश भर में बहुत उत्साह से मनावल जाला। रोशनी के एह परब के सब लोग बेसब्री से इंतजार करेला। हिन्दू धर्म में दिवाली के परब के खास महत्व बा। हर साल कार्तिक

Share

दिवाली: फोटो

दिवाली के त्योहार देश भर में बहुत उत्साह से मनावल जाला। रोशनी के एह परब के सब लोग बेसब्री से इंतजार करेला। हिन्दू धर्म में दिवाली के परब के खास महत्व बा। हर साल कार्तिक महीना के अमावस्या तिथि के दिवाली मनावल जाला, बाकिर अबकी बेर दिवाली के तारीख के लेके लोग के बीच बहुत संदेह बा। कुछ लोग कहत बा कि दीपावली 31 अक्टूबर के बा तs कुछ लोग 1 नवम्बर के मनावे के बात करत बा. अक्सरहा कवनो ना कवनो कारण से परब के तय तिथि के लेके लोग के बीच मतभेद आ भ्रम पैदा हो जाला। जानीं एह साल दीपोत्सव भा बड़का दिवाली के सही तारीख का बा आ लक्ष्मी पूजा के शुभ समय का बा?

दिवाली 2024 कब बा? 

अमावस्या में हमेशा दिवाली मनावल जाला। ई अमावस्या के रात मनावल जाए वाला परब हs। दीपोत्सव रात में ही मनावल जाला। अमावस्या तिथि 31 अक्टूबर 2024 यानी बियफ़ें के दुपहरिया 2:40 बजे से बा। एकरा से पहिले चतुर्दशी तिथि बा। एही कारण से एही साल 31 तारीख के ही दिवाली मनावल जाई। एह में उदय तिथि के मान्यता नइखे आ अमावस्या तिथि 1 नवम्बर 2024 के साँझ के नइखे , 1 के सबेरे खतम हो जाई। अइसना में 1 नवम्बर के दिवाली मनावल शुभ ना मानल जाई। शास्त्र के अनुसार 31 अक्टूबर के दीपावली मनावल शास्त्र संवत हs।

मानल जाला कि अमावस्या के अन्हार रात में देवी लक्ष्मी धरती पs आवेली। अइसन स्थिति में जेकर घर दीप के रोशनी से जरा के शुभ समय में देवी लक्ष्मी के पूजा करेला, ओकरा घर पs धन के देवी लक्ष्मी के विशेष आशीर्वाद के बरसात होला। उदय तिथि के तर्क से एक नवम्बर के दिवाली पर्व मनावे के विचार एकदम गलत अवुरी भ्रमित करेवाला बा।

लक्ष्मी पूजा के शुभ समय

दिवाली के दिन देवी लक्ष्मी आ गणेश भगवान के पूजा विधि से कइल जाला। अबकी बेर लक्ष्मी पूजा के शुभ समय 31 अक्टूबर 2024 के शाम 5 बजे से 10:30 बजे ले बा। धार्मिक मान्यता के अनुसार कार्तिक महीना के कृष्ण पक्ष के अमावस्या के दिन सागर के मंथन के दौरान देवी लक्ष्मी के जन्म भईल रहे। अइसना में लक्ष्मी पूजा के एह दिन खास महत्व बा। एह दिन देवी लक्ष्मी हर घर में घूम के अपना भक्तन के सुख, समृद्धि आ धन खातिर आशीर्वाद देली।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.