कुटुम्ब प्रबोधन आ तुलसी पूजन दिवस के भइल आयोजन, बड़ संख्या में लोगन के रहल उपस्थिति

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 25, 2024

चाणक्यपुरी कॉलोनी में बुध के कुटुम्ब प्रबोधन आ तुलसी पूजन दिवस के आयोजन कइल गइल। डॉ. हेडवागर स्मारक न्यास समिति के तत्वावधान में आयोजित एह कार्यक्रम में बड़ संख्या में पुरुष आ महिला लोग सामिल

Share

चाणक्यपुरी कॉलोनी में बुध के कुटुम्ब प्रबोधन आ तुलसी पूजन दिवस के आयोजन कइल गइल। डॉ. हेडवागर स्मारक न्यास समिति के तत्वावधान में आयोजित एह कार्यक्रम में बड़ संख्या में पुरुष आ महिला लोग सामिल भइल। एह दौरान लोगन के बतावल गइल कि “स्कंद पुराण” के अनुसार जवना घर में तुलसी के बगइचा होला भा हरदिन पूजा होला, ओमे यमदूत के प्रवेश ना होला। तुलसी के रहला मात्र से हलुका स्पंदनन, नकारात्मक शक्तियन आ दुष्ट विचारन से रक्षा होला।

रोगन से बांचे में मदद करेला तुलसी

एतने ना तुलसी देह के लगभग समस्त रोगन से बचाव खातिर बहुते असरदार औषधि हs। सबेरे पांच से सात पत्ता चबाके पानी पियला से बल, तेज आ स्मरणशक्ति बढ़ेला। ई ब्लडप्रेशर आ पाचनतंत्र के नियमन में सहायक होला। एकरा संगही कुटुम्ब प्रबोधन के बारे में लोगन के बतावल गइल। एह बात पs बल दिहल गइल कि बुजुर्गन के आदर आ सम्मान जरुर मिले के चाहीं। वृद्धा आश्रम जइसन कांसेप्ट समाज खातिर ठीक नइखे। लोगन के आपसी सद्भाव आ सामाजिक सोहार्द बना के रखे के चाहीं आ धर्म के प्रति जागरूकता के भाव रखे के चाहीं।

एह दौरान मुख्य अतिथि विनोद आचार्य, विशिष्ष्ट अतिथि विधायक विपिन सिंह, भूतपूर्व कुलाधिपति डॉ. सुरेंद्र दुबे, प्रधानाचार्य मृदुला मिश्रा, खंड विकास अधिकारी विवेकानंद मिश्रा, दुर्गा दत्त शुक्ला, दुर्गेश त्रिपाठी महासचिव विश्व हिंदू परिषद, समर बहादुर सिंह अध्यक्ष चाणक्यपुरी कॉलोनी समिति, अवधेश कुमार श्रीवास्तव शाखा कार्यवाह चाणक्यपुरी, जितेंद्र कुमार पांडेय शाखा पालक, रत्नेश्वर झा, काशीनाथ, वीरेंद्र प्रताप सिंह, कमलेश तिवारी, चंद्रशेखर पांडेय, राम बदन तिवारी, धीरेंद्र कुमार पाल आदि के उपस्थिति रहल।

Read Also: Plane Crash: कजाखस्तान में 110 लोगन के ले जा रहल विमान दुर्घटनाग्रस्त, आग के गोला में भइल तब्दील; 40 से 70 मौत के आशंका

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.