Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर विश्वविद्यालय: भूख हड़ताल पर बइठल तीन छात्रनेता के तबीयत बिगड़ल, अब जल त्यगले के दिहलें चेतावनी

1,248

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय अउर संबद्ध महाविद्यालयन में छात्रसंघ चुनाव के मांग करत भूख हड़ताल पर बइठल तीन छात्रनेता लोग के तबीयत दूसरे दिन बुध के बिगड़े लागल। छात्रनेता लोग के स्वास्थ्य परीक्षण भी नाइ करावल गइल। ओंने विवि प्रशासन प्रशासनिक भवन के दूनों गेट पs बुध के भी ताला लगवा दिहलस। एसे अपने काम से आइल छात्रन अउर उनके अभिभावकन के निराश लौटे के पड़ल।

छात्र संघर्ष समिति के बैनर तले छात्रनेता भूख हड़ताल पर बानें। दूसरे दिन बुध के साँझ तीन छात्र लोग उल्टी के शिकायत दर्ज करवलें। छात्रनेता योगेश प्रताप सिंह अउर अंकित पांडेय बतवलें कि मुख्य नियंता से स्वास्थ्य परीक्षा करावे के कहल गइल त ऊ संज्ञान में नाइ लिहलें। गेट बंद कsके समर्थन देवे वाले छात्रन के रोकल जा रहल बा। छात्रनेता लोग कहल कि अगर चुनाव के तिथि घोषित नाइ कइल गइल त जल के भी त्याग कs देहल जाई।

एह दौरान पूर्व छात्रसंघ उपाध्यक्ष अउर कांग्रेस नेता चेतना पांडेय सहित छात्रनेता लोग के परिसर में जाए नाइ दिहल गइल। भूख हड़ताल पर बइठल छात्रन में योगेश प्रताप सिंह, उज्ज्वल सिंह, अंकित पांडेय, सुशांत शर्मा, राहुल यादव, सतीश प्रजापति, सुंदरम राय अउर जतिन मिश्रा शामिल हैं।

छात्र लोग परिसर में बांटल पर्चा

छात्रसंघ चुनाव करावे के मांग के संबंध में कुछ छात्र विवि परिसर में जा के पर्चा बांटल। छात्रसंघ काहें बा जरूरी? स्लोगन लिखल पर्चा दे के छात्रन से समर्थन हासिल कइलें। पर्चा बांटे वालन में सत्यम गोस्वामी, विकास, अंजली, दिवाकर यादव, अनुराग यादव, अभिषेक यादव, गुडलक पांडेय आदि शामिल रहलें

गोविवि जनसंपर्क अधिकारी डॉ. महेंद्र कुमार सिंह कहलें कि छात्रन के कौनो प्रकार के असुविधा न होखे, एकरे खातिर वैकल्पिक व्यवस्था कइल गइल बा। प्रशासनिक भवन के पीछे चार काउंटर खोलल गइल बा। छात्र अउर अभिभावक काउंटर पर जा के आपन काम करवा सकतने।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.