[the_ad_group id="30365"]

पूर्व विधायक अनंत सिंह के बिगड़ल तबीयत: किडनी आ पेट के बेमारी के बाद अस्पताल में भइलें भरती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बाहुबली आ पूर्व विधायक अनंत सिंह के तबीयत बिगड़ गइल बा। उनका के आईजीआईएमएस में भर्ती करावल गइल बा। अनंत सिंह के किडनी से संबंधित समस्या के बाद अस्पताल में भरती करावल गइल। डॉक्टर लोग उनकर जांच कइल आ उनकर इलाज अभी हो रहल बा।

जेल में बिगड़ल ‘छोटे सरकार’ के तबीयत

मोकामा से पूर्व राजद विधायक अनंत सिंह के जेल में अचानक तबीयत खराब होखला के बाद उनका के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जांच के बाद अनंत सिंह के पेट आ किडनी से जुड़ल बेमारी पावल गइल। एकरा बाद उनका के एडमिट कs लिहल गइल।

अस्पताल के एगो डॉक्टर बतवलें कि किडनी से जुड़ल समस्या बा। उनकर क्रिएटिनिन लेवल जादे पावल गइल बा। दवा आदि से उनकर इलाज चल रहल बा। फिलहाल उनका के आईजीएमएस के प्राइवेट वार्ड के डीलक्स रूम नंबर 51 में भर्ती कइल गइल बा। जहां विशेषज्ञ डॉक्टरन के देखरेख में इलाज चल रहले बा।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]