Gopalganj : मां-बेटा पावल गइल लो कोरोना पॉजिटिव, दुनो के करावल गइल भर्ती: जिला आ स्वास्थ्य विभाग अलर्ट, रैंडम जांच सुरू

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2024

जिला में दुगो कोरोना के मरीज मिलल बा लो। मां-बेटे दुनो कोरोना पॉजिटिव पावल गइल बा। जानकारी के अनुसार बेटा एगो प्राइवेट लैब में टेक्नीशियन बा। दुनो के पहचान मांझागढ़ प्रखंड के श्रीरामपुर वार्ड नंबर

Share

जिला में दुगो कोरोना के मरीज मिलल बा लो। मां-बेटे दुनो कोरोना पॉजिटिव पावल गइल बा। जानकारी के अनुसार बेटा एगो प्राइवेट लैब में टेक्नीशियन बा। दुनो के पहचान मांझागढ़ प्रखंड के श्रीरामपुर वार्ड नंबर 3 के निवासी राहुल कुमार आ ओकर मां संजू देवी के रूप में कइल गइल बा। बुखार के शिकायत के बाद राहुल 28 फरवरी के सदर अस्पताल में सैंपल दिहल गइल रहे।

एकरा बाद 29 फरवरी के आरटीपीसीआर जांच में कोरोना पॉजिटिव होखे के पहचान भइल। जब ओकर मां के जांच कइल गइल तs उहो पॉजिटिव पावल गइली। फिलहाल दुनो के इलाज जारी बा। एकरा अलावे ओह लोगन से हाल के दिनन में मिलल सब लोगन के जांच कइल जा रहल बा। दुगो मरीज मिलला के बाद स्वास्थ्य विभाग अलर्ट हो गइल बा। सिविल सर्जन डॉ. बिरेंद्र प्रसाद लोगन से अपील कइलें कि ऊ कोरोना गाइडलाइन के पालन करे आ मास्क पहिने

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.