पुलिस के अनुसार फोन करे वाला दावा कइलें कि इनफिनिटी मॉल अंधेरी, पीवीआर मॉल जुहू अउर सहारा होटल एयरपोर्ट में बम लगा दिहल गइल बा। एकरे तत्काल बाद पुलिस तीनों जगह सुरक्षा बढ़ा दीहलें अउर इन स्थान पर तलाशी अभियान चलवलें। धमकी देवे वाले अज्ञात कॉलर के तलाश कइल जा रहल बा।
एहसे पहिले 23 सितंबर के भी मुंबई में बम धमाका के धमकी भरल कॉल कइल गइल रहे। सांताक्रूज इलाका के कई लोग के फोन कs के एह आशय के धमकी दीहल गइल रहे। तब्बो मुंबई पुलिस एह मामिला में अज्ञात व्यक्ति के खिलाफ भादंवि के धारा 506 के तहत केस दर्ज कइले रहल।
Comments are closed.