Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विश्व दृष्टि दिवस: मोबाइल-लैपटॉप आंख के कर रहल बा कमजोर, नौ महिना में सोझे आइल चौंकावे वाला रिपोर्ट

8,751
आंखें कुदरत के अनमोल देन ह, लेकिन एह अनमोल तोहफ़ा के हमनी के आदत में शुमार हो चुकल मोबाइल-लैपटॉप नुकसान पहुंचा रहल बा। एह साल जिला अस्पताल में नेत्र रोग विशेषज्ञ के इहां पहुंचल करीब 33,750 मरीजन के जांच में पता चलल बा कि एहमें से 1350 के आंख कमजोर बानें। एहमें 20 से 40 साल के उम्र के लोग ज्यादा बानें। लइकन के संख्या भी नगदे ढ़ेर बा।।

पढ़ाई-लिखाई के उमिर में ही बचवन के आंखों पर चश्मा दिखाई देवे लागल बा। उत्तर प्रदेश के सहारनपुर में एसबीडी जिला अस्पताल में नेत्र रोग विशेषज्ञ के ओपीडी रोजाना 125 के पार होला।। एहमें चार से पांच मरीज अइसने होलें कि जिनकर मोबाइल या फेर लैपटॉप पर ज्यादा समय ले बइठे के कारण आंख के रोशनी कमजोर हो गइल बा।

जनवरी से ले के सितंबर तक 33,750 मरीजन पर स्टडी कइल गइल बा। जेमें से 1350 मरीजन के आंख कमजोर निकलल बा, सथही 10 से 15 फीसदी मरीजन के रोशनी कम पावल गइल। इनके अलावा कई मरीजन के ऑपरेशन भी कइल गइल।
नेत्र रोग विशेषज्ञ डॉ. रामानंद के कहनाम बा कि आंखन के रोशनी कम होखले के कारण मुख्य रूप से लेटकर पढ़ले आदत, अन्हारे में पढ़ल, लमहर समय ले आंखें गड़ा के लगातार मोबाइल, लैपटॉप देखल बा। अगर ई अंधेेरा में कइल जाता त अउर घातक बा। गलत खानपान के वजह से भी आंख पर असर पड़sला।

झपकत रहे के चाहीं पलक

नेत्र रोग विशेषज्ञन के अनुुसार, एक मिनट में कम से कम 10 से 15 बार पलक झपके के चाहीं, एहसे कार्निया में तरलता बनल रहेले। मोबाइल, टीवी अउर लैपटॉप पर काम करत समय कई लोग के पलक एक मिनट ले झपकबो नाइ करेला या दू-चार बेर ही झपकत रहे। एसे आंख में तरलता कम हो जाला, जेके ड्राई आई कहल जाला।

अइसे करीं आंख के बचाव

-आंख के पर्याप्त आराम देवे खातिर आठ घंटा के नींद लें।
-दिन में तीन से चार बेर अपने आंख के ठंडा पानी से अच्छी तरह धोईं।
-मोबाइल, कंप्यूटर, लैपटॉप में देख रहल होखीं त उचित दूरी बना के रखीं।
-धूप चाहे कौनो धूल-मिट्टी वाली जगह पर जाएं त चश्मा लगावें।
-खाना में दूध, मक्खन, गाजर, टमाटर, पपीता, अंडे, देसी घी अउर हरिहर सब्जी खाईं।
-सूतत घरी आंख के आसपास बादाम के तेल से हलुके हाथ मालिश करें।
-खूब पानी पीं।
-स्वस्थ आंख खातिर संतुलित खानपान भी जरूरी बा।
-समय-समय पर चेकअप करावत रहीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.