ऑस्ट्रेलिया में आठवें टी20 वर्ल्ड कप के शुरुआत 16 अक्तूबर के होखे जा रहल बा। 29 दिन ले चले वाले एह टूर्नामेंट में कुल 45 मैच खेलल जाई। टीमन के बात कइल जाव त 16 देश एहमें हिस्सा ले रहल बानें आठ टीम के सुपर-12 में सीधे जगह मिलल बा। उहवें, आठ टीम पहिले दौर में खेलिहें। उहां दू ग्रुप में चार-चार टीम बांटल गइल बा। दूनों ग्रुप से टॉप-2 टीम सुपर-12 में जगह बनाई।
पहिले दौर के मुकाबला 16 अक्तूबर से खेलल जाई। उहवें सुपर-12 के शुरुआत 22 अक्तूबर के होई। भारतीय टीम 15 साल बाद टूर्नामेंट के जीते खातिर उतरी। ऊ पिछली बार 2007 में पहिले वर्ल्ड कप के दौरान चैंपियन बनल रहे। ओकर पहिला मुकाबला 23 अक्तूबर के चिर-प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान से होई।
Comments are closed.