Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

The Night Manager Review: तिलोत्तमा, शोभिता के तेवर से चमकल ‘नाइट मैनेजर’, अनिल दोहरवले घोस्ट प्रोटोकॉल

ओटीटी के दुनिया में बवाल मचावे खातिर आ गईल ''The Night Manager" जॉन ल करे के दुनिया भर में चर्चित उपन्यास 'द नाइट मैनेजर' पs पहिला हाली वेबसीरिज आजू से सात साल पहिले बनल रहे । बीबीसी वन पs प्रसारण के संगही ई वेबसीरिज दुनिया भर में धूम मचा देले रहे।

3,313

ओटीटी के दुनिया में बवाल मचावे खातिर आ गईल ”The Night Manager” । जॉन ल करे के दुनिया भर में चर्चित उपन्यास ‘द नाइट मैनेजर’ पs पहिला हाली वेबसीरिज आजू से सात साल पहिले बनल रहे । बीबीसी वन पs प्रसारण के संगही ई वेबसीरिज दुनिया भर में धूम मचा देले रहे। आ दर्जन भर पुरस्कार जीतलस।आ, फेरू शुरू भईल एकर दुनिया भर के अलगा-अलगा भाषा में एकर निर्माण के सिलसिला। तकरीबन तीन चौथाई दुनिया घूमि के ई सीरीज अब भारत पहुंचल बिया । डिज्नी+ हॉटस्टार के छवि  एह देश में अंतर्राष्ट्रीय स्तर पs चर्चित कार्यक्रमन के हिंदी में बनावे वाला के रूप में स्थापित होखत जा रहल बा, वेब सीरीज ‘द नाइट मैनेजर’ एही बात के  छटांक भर अउरी आगे बढ़ावत बिया। पसंगा के तौर पs एह में अनिल कपूर बाड़े, श्रीधर राघवन बाड़े आ हरमेसा विचलित करे वाला किरदार में शाश्वत चटर्जी। एह सीरीज के देखे खातिर बस ईहे तीन गो लोग प्रमुख कारण बनल बाड़े बाकिर सीरीज देखला के बाद जवन दु गो अउरी कलाकारन के सबसे ज्यादा तारीफ करे के रवा सब के मन करी उ तिलोत्तमा शोम आ शोभिता धूलिपाला बाड़ी।

ढाका से दिल्ली बाकिर वाया वाया


कहानी के सिरो हमनी के तिलोत्तमा शोम के किरदार से ही पकड़त बानी जा । उ रॉ (सीरीज में एकर पूरा नाम रिसर्च एंड एडमिनिस्ट्रेशन बतावल गईल बा) में बांग्लादेश डेस्क पs काम करे वाली एगो जुझारू खुफिया अफसर बाड़ी। उनका लगे से वाया वाया होत एगो जानकारी पहुंचत बा आ फेरू ई जानकारी वाया वाया होत ओहि शख्स के पास जा पहुंचेला जवना के बारे में अपना जान पs खेलि के एगो होटल के नाइट मैनेजर  ई जानकारी पहुंचवले रहे। अब दुनो के जिनगी दांव पs लागल बिया। वेब सीरीज ‘द नाइट मैनेजर’ एगो अइसन होटल मैनेजर के कहानी बिया जवन नाइट शिफ्ट में काम करsता ओहि होटल में ही संजोग अइसन बनत बा कि ओकरा एगो नवहा युवती के मदद करे के परि जाला आ ई युवती जवना शख्स के पत्नी होले, ओकर संपर्क दुनिया भर में आपन कारोबार फइल के बईठल एगो अइसन आदमी होला जेकरा पीछे खुफिया विभाग बरिसन से लागल बा। नाइट मैनेजर के भी आपन एगो अतीत बा जवना से उ  दूर भागल चाहत बा। बाकिर, खुफिया विभाग ओकरा के अइसन घुट्टी पियावेला कि उ तमाम कोशिसन के बादो उ फेरू से पूरा मकड़जाल से बहरी ना आ पवेला।

विदेशी कहानी के नीक बा अनुकूलन


वेब सीरीज ‘द नाइट मैनेजर’ के डीएनए अईसन बा कि जवना पs हर देश, संस्कृति आ सियासत के मुलम्मा चढ़ावल जा सकत बा । ई काम सीरीज के पटकथा लिखे वाला श्रीधर राघवन बड़ा कमाल तरीका से कईले बाड़े। बांग्लादेश से शुरू भईल ई कहानी देसा-देसी घूमत रहत बिया।  एकर दूसरा सिरा दिल्ली में बन्हाईल बा। खाद के फैक्ट्री के बहाने हथियारन के तस्करी के एह कहानी के देसी बनावे में एकर संवाद लेखक अक्षय घिल्डियाल आ शांतनु श्रीवास्तव बहुते मेहनत कइले बाड़े  आ ओ लोग के मेहनतो एह सीरीज में हर डायलॉग में देखे के मिलत बा। ऊपर से देखे मे ई सीरीज एक्शन थ्रिलर लागे ले बाकिर एकर अंतर्धारा ड्रामा आ सस्पेंस के हs। आ, गते-गते परत- दर-परत खुलत एकर कहानी के इहे खासियत एकरा के आखिर तक देख के चाव बना के राखत बा। दोसरका देशन में सीरीज के पूरा कहानी एक साथ देखावल गईल रहे। एहिजा हॉटस्टार के हुक्मरान लोग एह सीरीज के दु हिस्सन में बांट देले बा। ओरीजनल सीरीज के पहिला तीन एपिसोड के कहानी हिंदी में चार एपीसोड में देखवला के बाद सीरीज के समापन बा । बाकी  के एपिसोड अब गर्मि के दिन में आई। एहसास अइसन मवका पs कुछ अइसन होत बा कि कवनो उपन्यास के कवर देख के रवा ओकरा के पढ़े सुरू करिं  आ बीचवे में केहू आधवा किताब फार के अपना लगे धई लेबे ।

खबर भोजपुरी दे रहल बा एह सीरीज के 5 में से 3 गो

⭐⭐⭐/⭐⭐⭐⭐⭐

Movie Review 

द नाईट मैनेजर

कलाकार:

अनिल कपूर , आदित्य रॉय कपूर , तिलोत्तमा शोम , शोभिता धुलिपाला , शाश्वत चटर्जी आ रवि बहल आदि
लेखक
श्रीधर राघवन , अक्षत घिल्डियाल और शांतनु श्रीवास्तव (जॉन ल करे के उपन्यास पs आधारित)
निर्देशक :
संदीप मोदी आ प्रियंका घोष
निर्माता:
द इंक फैक्ट्री आ बानीजे एशिया
रिलीज:
17 फरवरी 2023
ओटीटी:
डिज्नी+ हॉटस्टार
रेटिंग:
3/5 

परम सुंदरी वाला परम कारोबारी

 
खैर, पहिला सीजन के चार एपिसोड्स के अगर रंगत देखल जाए तs एह में इश्क, मोहब्बत के गुब्बारा भी खूब फूटल बा। अनिल कपूर एगो अइसन अंतरराष्ट्रीय हथियार तस्कर के भूमिका में बाड़े जेकर नब्ज कर्ज के सहारे चल रहल बा। कवनो सौंदर्य प्रतियोगिता में लउकल सबसे खूबसूरत लईकी अब ओकर रखैल  बिया। बीवी से ओकर तलाक हो चुकल बा। बाकिर, बेटा के छुट्टी होखला पs उ ओकरा अपना लगे बोला लेला। आ, इहे बेटा नाइट मैनेजर के ई मवका देत बा कि उ एह किला में सेंध लगा सके। नाइट मैनेजर अब खाली नाइट मैनेजरे नईखे अब उ एगो जासूस बन चुकल बा। रॉ के तफ्तीश के हिस्सा भी उ बन चुकल बा। आ, ई सब करे खातिर ओकरा के बार-बार सीरीज के लेखक लोग ईयाद दिलावत रहेले बांग्लादेश के उ हादसा, जे ओकरा दिल्ली भेजल सूचना के वापस ढाका लवट आवे के चलते होला। आ, एह सबके दऊरान अनिल कपूर के तेवर, हावभाव सब 12 साल पहिले रिलीज भईल फिल्म ‘मिशन इंपॉसिबल घोस्ट प्रोटोकॉल’ के ब्रिजनाथ के ईयाद परावत बा ।

आदित्य रॉय कपूर बाड़े कमजोर कड़ी

 
वेब सीरीज ‘द नाइट मैनेजर’ में नाइट मैनेजर के किरदार में बाड़े आदित्य रॉय कपूर। बीच पs बिकिनी में परम सुंदरी के देखियो के ओकर इमान नइखे डोलत। अतीत ओकर फउज के बा , वर्तमान ओकर बदले लेबे के बेचैनी वाला बा आ भविष्य ओकर का होई ई अब जूने में पता चली। आदित्य रॉय कपूर के कद काठी वाकई एगो नाइट मैनेजर जइसने बा। किरदार खातिर उनकर देह आ कद काठी एकदम तगड़ा बिल्कुल फिट बा। बाकिर अगर मूल सीरीज में ऐही किरदार खातिर टॉम हिडलस्टन के अभिनय के पैमाना पs उनका के देखल जाए तs उनकर अभिनय बहुते कमजोर लउकत बा। सीरीज के आधवे में  रोक देबे के अलावा जवन बात एह सीरीज के देखत  खटकत बा उ आदित्य के अभिनय ही बा। एहिजा गौर करे लायक बात ईहो बा कि पहिले ई रोल ऋतिक रोशन के ऑफर होखे अरसा तक चर्चा में रहल आ ऋतिक रोशन जईसन कलाकार के कमी आदित्य रॉय कपूर पूरा कई सकिहें, ई बात सोंचलों नइखे जा सकत। हालांकि निर्देशन के चतुराईए एकरा के कहल जाई की आदित्य के साथ शाश्वत चटर्जी के बार-बार फ्रेम में लाकर एह कमी के तरफ एकरा के बनावे वाला लोग, दर्शकन के ध्यान जाए नईखन देत

तिलोत्तमा आ शोभिता के दमदार तेवर

एह सीरीज के असल धड़कन दु गो मुख्य महिला किरदार जेकरा के शोभिता धूलिपाला आतिलोत्तमा शोम  निभवले बा लो। परम सुंदरी के किरदार में शोभिता के अभिनय अपना जगहि पे बिल्कुल सटीक बा। उनकर देह प्रदर्शन ठीक ओहि जगह पs होता  जहां एकर जरूरत रहेला। उ एगो अंतर्राष्ट्रीय कारोबारी की असल पहचान से अनभिज्ञ बिया। ओकर काम बस केहू के स्वागत में मुस्काईल आ जरूरत अईला पs बिस्तर पs बिछवना अस बिछ जाए के बा । अकेला में उ केहू से बात कईके रोअबो करे ले आ ई रोआई जमाना के सोझा आ न जाए, एकर ओकरा लगे बेचैनी भी बा। दोसरा ओरी तिलोत्तमा के किरदार पानी नियन पारदर्शी बा। ओकर सहजते विभाग में ओकर सीनियर लोग के  खटकत बा बाकिर देश खातिर  जान के बाजी लगावे के तईयार एह खुफिया अफसर के मददगार भी बाड़े। अपना नाइट मैनेजर से मछली मार्केट में बहाना से बात करे वाला उनकर दृश्य बहुते प्रभावी बन पड़ल बा आ जब पेट में पला रहल बच्चा के संभलले उ दूरबीन के ओरी भागे ले तब  देखे वाला लोगन के करेजा फाट जाला ।

 तीन घंटा के अच्छा बिंज वॉच बा बिया ई वेबसीरिज

वेब सीरीज ‘द नाइट मैनेजर’ बड़ा बेजोड़ जगहन  पs शूट कईल गईल वेब सीरीज बिया। लुक आ फील एकर  इंटरनेशनल बा । सीरीज के संगीत दर्शकन के धड़कन के रफ्तार तेज करे खातिर बिल्कुल मुफीद बा । संपादन में भी निर्देशन के पकड़ जबर बा ।संदीप मोदी आ प्रियंका घोष  एक संगे मिलके एगो ठीक-ठाक सीरीज बनवले बा लो । हालांकि, कहानी उधार के बिया  पटकथा के रंग भी जानल-पहचानल लागत बा,बाकिर एह सबके बावजूद चार एपीसोड तक ई सीरीज आपन आकर्षण बना के राखत बिया आ  इहे एह  ‘नाइट मैनेजर’ के सूरज के  लालिमा के संगे लउके वाला भोर हs |
463600cookie-checkThe Night Manager Review: तिलोत्तमा, शोभिता के तेवर से चमकल ‘नाइट मैनेजर’, अनिल दोहरवले घोस्ट प्रोटोकॉल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.