दरअसल, तस्वीर में पीएम मोदी सबसे किनारे पर दिख रहल बानें। वहें दूसरे किनारे पर पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ बानें। एकेले के कांग्रेस नेता गौरव गोगोई तंज कसले बानें। एगो ट्वीट में गोगोई कहलें, “पीएम मोदी अउर विदेश मंत्रालय के खराब शुरुआत ह। ऊ एक किनारे पर खड़ा बानें, जबकि दूसरे किनारे पर पाकिस्तान बा। हमके लाल आंख नाइ बलुक बंद आंख दिखाई दे रहल बा।”
भाजपा कइलस जोरदार पलटवार
कांग्रेस नेता के ट्वीट के बाद भारतीय जनता पार्टी भी करारा पलटवार कइले बा। भाजपा प्रवक्ता शहजाद पूनावाला एगो पहिले में भइल जी20 बइठक के एगो तस्वीर देखवलें जेमें पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह दूसरा पंक्ति में सिर नीचे कइले लउकतने। उ कांग्रेस पs हमला बोलत कहलें, मेजबान देश के तय प्रोटोकॉल पs राजनीति कइल अपरिपक्वता के निशानी ह। ऊ आगे कहलें, का राहुल गांधी चीन के संगे एमओयू साइन करत समय चाहे डोकलाम मामला के दौरान चीनी राजदूत के संगे चाइनीज खाना खात में “लाल आंख” देखावत रहनें? उ आगे कहलें कि का राहुल गांधी के परिवार अक्साई चीन के वापस लवले खातिर कब्बो लाल आंख देखावलस। का आरजीएफ में चंदा लेत समय उ लाल आंख देखवलें।