[the_ad_group id="30365"]

राहुल से हाथ मिलवलें आ ओम बिरला के साथे आसन तक लेके गइलें पीएम मोदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीजेपी सांसद ओम बिरला के 18वीं लोकसभा के स्पीकर चुन लिहल गइल बा। ध्वनि मत के जरिए ओम बिरला के स्पीकर चुनल गइल। पीएम मोदी उनका नांव के प्रस्ताव रखले रहलें। पीएम मोदी आ राहुल गांधी ओम बिरला के उनका आसन तक लेके गइलें। पीएम मोदी ओम बिरला के स्वागतो कइलें। एही दौरान राहुल आ मोदी गर्मजोशी के साथे मिलले।

पीएम मोदी आ राहुल गांधी के साथही उहाँ केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू रहलें। एही दौरान एगो खास तस्वीर आइल जवन सबकर ध्यान अपना ओर खींचलस। ई तस्वीर हऽ पीएम मोदी आ राहुल गांधी के। ओम बिरला के जब स्पीकर चुनल गइल तऽ पीएम मोदी आ राहुल गांधी उनकर स्वागत कइलें। राहुल गांधी लोकसभा में विपक्ष के नेता बाड़न।

गर्मजोशी से मिलले राहुल-मोदी

ओम बिरला के स्वागत के समय पीएम मोदी आ राहुल गांधी गर्मजोशी से मिलले। पीएम मोदी ओम बिरला के सीट पs उनका के बधाई देवे जात रहलें। तबे राहुल गांधीयो स्पीकर से मिले गइलें। एही दौरान मोदी आ राहुल गर्मजोशी से हाथ मिलवलें। प्रधानमंत्री राहुल के स्पीकर के उनका आसन तक ले जाए खातिर बोलवलें।

वोटिंग के नौबत ना आइल

ओम बिरला के ध्वनिमत से स्पीकर चुनल गइल। उनका सामने आईएनडीआईए के उम्मीदवार के सुरेश रहलें। पीएम मोदी ओम बिरला के नांव के प्रस्ताव रखले रहलें। राजनाथ सिंह, अमित शाह समेत कई नेता लो उनका नांव के समर्थन कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]