Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली के आजाद मार्केट में इमारत गिरल, पांच लोग घायल, सात लोग के फंसल होखले के आशंका, NDRF के टीम पहुंचल

401

देश के राजधानी दिल्ली के आजाद मार्केट इलाका में इमारत ढहले के खबर आइल बा। दमकल के तीन गाड़ी मौका पs पहुंचल। हादसा में पांच लोग घायल भइल बानें। एह लोग के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मलबा में अभिनो 6 से 7 लोग के फंसल होखले के आशंका बा। उहवें, मौका पर एनडीआरएफ के टीम भी पहुंच गइल बा।

दमकल विभाग के एगो अधिकारी बतवलें कि रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा। जानकारी के मुताबिक करीब 6-7 लोग फंसल बा। पांच घायलन के अस्पताल रेफर कइल गइल बा। एनडीआरएफ के टीम भी पहुंच गइल बा। संकरा लाइन के कारण जेसीबी मौका पर पहुंच नाइ पा रहल बा।

324800cookie-checkदिल्ली के आजाद मार्केट में इमारत गिरल, पांच लोग घायल, सात लोग के फंसल होखले के आशंका, NDRF के टीम पहुंचल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.