Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘तहऊ सत्ता के नशा में बुड़ गइलs’, केजरीवाल के अन्ना हजारे देहलें नसीहत

617

दिल्ली सरकार के चर्चित नई शराब नीति के ले के देश के अग्रणी सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के पत्र लिख के नसीहत देहलें बानें। पत्र में अन्ना केजरीवाल के उलाहना देत कहलें, ‘तहऊ सत्ता के नशा में डूब गइलs। एगो बड़ आंदोलन से जन्मल पार्टी खातिर ई शोभा नाइ देला।

अन्ना केजरीवाल से कहलें, तू ‘स्वराज’ नाम के किताब में केतना आदर्श बात लिखले रहलs। तहसे बड़िये उम्मीद रहल, लेकिन, बुझाता राजनीति में गइला अउरी मुख्यमंत्री बनले के बाद तू आदर्श विचारधारा के भुला गइल बाड़s। जौने तरे शराब के नशा होला, ओही तरे सत्ता के भी नशा होला। तहऊ अइसन सत्ता के नशा में डूब गइल बाड़s, अइसन बुझाता।

316830cookie-check‘तहऊ सत्ता के नशा में बुड़ गइलs’, केजरीवाल के अन्ना हजारे देहलें नसीहत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.