Bihar Politics: यादव समाज के अमित शाह  दे देले बड़ संदेश, कहले- आरा वाला लो मोदीजी तोहरा लो के…..

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2024

BIHAR poltics: गृह मंत्री अमित शाह बिहार दौरा पs पहुंचल बाड़न। एही दौरान उऽ आरा के आरा वीर कुंवर सिंह स्टेडियम में भाजपा प्रत्याशी आरके सिंह के समर्थन में जनसभा के संबोधित कइले। एही दौरान

Share

BIHAR poltics: गृह मंत्री अमित शाह बिहार दौरा पs पहुंचल बाड़न। एही दौरान उऽ आरा के आरा वीर कुंवर सिंह स्टेडियम में भाजपा प्रत्याशी आरके सिंह के समर्थन में जनसभा के संबोधित कइले। एही दौरान उऽ इंडी गठबंधन पs जमके निशाना सधले। गृह मंत्री कहले कि 400 पार करा दऽ लो मुस्लिम आरक्षण के खत्म कऽ के पिछड़ा के देवे का काम करब।

उऽ कहले कि यादव समाज मुगालता में बा। लालू यादव यादवन के हक में काम करिहें, उऽ खाली परिवार के हक में काम करेले , समाज के हक में ना। उनला खाली अपना बेटी के एमपी आ अपना बेटवन के मंत्री बनावे के चिंता बा। इहाँ तेल पिलावन रैली करे वाला जंगल राज चलत रहे। आरा वाला तोहरा लो के मोदीजी बनल बनावल मंत्री चुने खातिर भेजले बाड़े।

लाल यादव के नइखे पिछड़न के चिंता- अमित शाह

गृह मंत्री कहले कि लालू यादव के पिछड़न के चिंता रहित तऽ कर्पूरी ठाकुर के सम्मान देते, बाकिर उनका सम्मान ना देले। नरेंद्र मोदी जननायक के भारतरत्न देके अति पिछड़ा वर्ग के सम्मान देले।

गृह मंत्री कहले कि हमरा के 400 पार करा दs लो, मुस्लिम आरक्षण के खत्म कऽ के पिछड़ा के दे देब। शाह विपक्ष पs निशाना साधत घरी कहले कि बिहार में घमंडिया गठबंधन के खाता ना खुली। पांच चरण में मोदी जी 310 सीट प्राप्त कर चुकल बाड़े, लालू-राहुल के सूपड़ा साफ हो चुकल बा।

POK हमनी के हऽ आ ओकरा के लेके रहब – शाह

उऽ आगे कहले कि घमंडिया गठबंधन कहेला कि पाकिस्तान के लगे एटम बम बा, बानी हमनी ना डेरानी। POK हमनी के हऽ आ ओकरा के हमनी लेके रहब। हमनी 370 समाप्त कइनी, नक्सलवाद समाप्त कइनी। तीसरका बार मोदीजी के पीएम बना दऽ, छत्तीसगढ़ में नक्सल समाप्त कर देब।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.