IFS निधि तिवारी बनली प्रधानमंत्री मोदी के प्राइवेट सेक्रेटरी, जानीं के हs इs अधिकारी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2025

डिपार्टमेंट ऑफ पर्सनल एंड ट्रेनिंग (DoPT) हाल ही में मंत्रालय में बहुत अधिकारी के कर्तव्य में बदलाव कईले बा, एs सिलसिला में आईएफएस निधि तिवारी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निजी सचिव बनावल गईल बा।

Share

निधि तिवारी बनली प्रधानमंत्री मोदी के प्राइवेट सेक्रेटरी

डिपार्टमेंट ऑफ पर्सनल एंड ट्रेनिंग (DoPT) हाल ही में मंत्रालय में बहुत अधिकारी के कर्तव्य में बदलाव कईले बा, एs सिलसिला में आईएफएस निधि तिवारी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निजी सचिव बनावल गईल बा। आईं रउरा सभे के बता दीं कि निधि तिवारी 2014 के बैच के भारतीय विदेश सेवा के अधिकारी हई। डोपीटी के ओर से जारी आदेश के मुताबिक निधि तिवारी आ पीएमओ में उप सचिव के रूप में काम करत रहली, लेकिन अब उs पीएम के निजी सचिव के रूप में काम करीहे।

प्रधानमंत्री कार्यालय में उपसचिव के रूप में निधि तिवारी के सेवा के सराहना भईल बा, जवना के चलते उनुका के नाया जिम्मेदारी दिहल गईल बा। प्रधानमंत्री के निजी सचिव के रूप में निधि तिवारी के बहुत महत्वपूर्ण काम संभाले के होई, जवना में प्रधानमंत्री के दिन-प्रतिदिन के काम के समन्वय, महत्वपूर्ण बैठक के आयोजन अवुरी विभिन्न सरकारी विभाग के संगे समन्वय आदि शामिल होई।

निधि तिवारी के हई?

आईं रउरा सभे के बता दीं कि निधि तिवारी 2014 के बैच के भारतीय विदेश सेवा के अधिकारी हई, फिलहाल उs पीएमओ में डिप्टी सेक्रेटरी के रूप में काम करत रहली। आईएफएस निधि तिवारी के नवंबर 2022 में पीएमओ के उपसचिव बनावल गईल रहे।पीएमओ में शामिल होखे से पहिले उs विदेश मंत्रालय (एमईए) में निरस्त्रीकरण अवुरी अंतर्राष्ट्रीय सुरक्षा मामला प्रभाग में अवर सचिव रहली। अधिकारी वाराणसी के मेहमूरगंज के रहे वाला हउवें. सिविल सेवा परीक्षा, 2013 में उ 96वां रैंक हासिल कईले रहली, तैयारी के दौरान उनुका के वाराणसी में सहायक आयुक्त (वाणिज्यिक कर) के पद पs तैनात कईल गईल रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.