अधिकारी नाइ, अब जनता तय करी थानेदारी:रैंक में पीछे रहे वाले थानेदारन के होई छुट्टी, पब्लिक अप्रूवल सिस्टम के तहत मिली थानेदारी

कुमार आशू

गोरखपुर जोन के ADG अखिल कुमार के ओर से शुरू करावल गइल पब्लिक अप्रूवल सिस्टम अब एक्शन मोड पर आ गइल बा। ओइसे त जोन के 11 जिला के थाना के पुलिस के कार्यप्रणाली में सुधार भी देखे के मिल रहल बा लेकिन कई थाना अभिनियो रैंक में बेर-बेर पीछे रह जात बा।

एह में सुधार लावे खातिर ADG अब नया निर्देश जारी क के सब जिला के थाना के मानक तय कs देहलें। बेर-बेर चेतावनी के बादो मानक से नीचे आवे वाले थाने के थानेदारन पर कार्रवाई यानी हटवलें के निर्देश देहलें।

5 बिंदु पर लेहल जा रहल बा फीडबैक

ADG के ओर से 5 पिलर्स IGRS, सोशल मीडिया, अदर डिजिटल प्लेटफार्म, FIR, NCR अउर पासपोर्ट कैरेक्टर वेरिफिकेशन पर जनता के फीडबैक लेहल जा रहल बा। एह कामों में पुलिस के कार्यप्रणाली कइसन बा, ई जनता ओट देके बताई।

ई ह नया नियम

  • जौने थाना के रैकिंग टॉप 5 में होई उनके थाना प्रभारी के प्रशस्ति पत्र देहल जाई।
  • जौने थाना के रैकिंग बाटम 5 में होई उनके थाना प्रभारी के रेटिंग्स बढ़ावे खातिर एडवाइजरी जारी कइल जाई।
  • भविष्य में हर महीना के मूल्यांकन में जदि कौनो थाना प्रभारी ओवर ऑल रैकिंग में लगातार दूसरका माह भी बाटम 5 में अइहें त अइसन थाना प्रभारी के चेतावनी देहल जाई।
  • जदि चेतावनी के बादो कौनो थाना प्रभारी के जनपदीय ओरवऑल रैकिंग लगातार तीसरे महीना भी बाटम में आइलें त अइसन सब थाना प्रभारियन के हटावल जाई।

 

ई होई जिला के मानक

जिला थानों की पब्लिक अप्रुवल रेटिंग मानक
गोरखपुर 50%
देवरिया 72%
कुशीनगर 74%
महाराजगंज 74%
बस्ती 57%
संतकबीरनगर 80%
सिद्धार्थनगर 61%
गोण्डा 57%
बलरामपुर 72%
बहराइच 56%
श्रावस्ती 70%
Share This Article