[the_ad_group id="30365"]

CM केजरीवाल के अंतरिम जमानत मिलला के फैसला पऽ पत्नी सुनीता भइली भावुक, कहली ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Arvind Kejariwal: दिल्ली सरकार में मंत्री आतिशी कहली अरविंद केजरीवाल आज सांझ के तिहाड़ जेल से बाहर अइहे आ हमरा भरोसा बा कि उऽ दिल्ली आ देश के संबोधित जरूर करिहें। शायद ऊपर वाला के ई इशारा बा कि अब चीज बदल रहल बा देश के लोकतंत्र आ संविधान पs जवन हमला होत रहे अब ओकरा के रोके के घरी आ गइल बा।

दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के सुप्रीम कोर्ट अंतरिम जमानत मिलला के बाद पत्नी सुनीता आपन प्रतिक्रिया देली हऽ। उऽ एह फैसला जानला के बाद भावुक हो गइली आ ओकरा खातिर सब कोई के धन्यवादो कइली। उऽ एह फैसला के लाखों-करोड़ों दुआ के फलो बतवली।

उऽ ट्वीट कइली – हनुमान जी की जय। ई लोकतंत्र के जीत हऽ। लाखों-करोड़ों लोगन के दुआ आ आशीर्वाद के फल हऽ। सब कोई के कोटि – कोटि धन्यवाद। उहे, केजरीवाल के अंतरिम जमानत मिलला पs कई गो आप नेता लो खुशी जाहिर कइले बा।

आतिशी कहली – दिल्ली आ देश के संबोधित जरूर करिहें 

ओहिजा, दिल्ली सरकार में मंत्री आतिशी ने कहली, “अरविंद केजरीवाल आज सांझ के तिहाड़ जेल से बाहर अइहे आ हमरा भरोसा बा कि उऽ दिल्ली आ देश के संबोधित जरूर करिहें। शायद ऊपर वाला के ई इशारा बा कि अब चीज बदल रहल बा देश के लोकतंत्र आ संविधान पs जवन हमला होत रहे अब ओकरा के रोके के घरी आ गइल बा”।

केजरीवाल के चुनाव प्रचार के अनुमति

सुप्रीम कोर्ट शुक के दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के 1 जून ले अंतरिम जमानत दे देलस। 21 मार्च के प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) द्वारा गिरफ्तार कइला के बाद केजरीवाल फिलहाल दिल्ली के तिहाड़ जेल में बंद बाड़े। कोर्ट उनका के लोकसभा चुनाव प्रचार के अनुमतियो दे देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]