बिहार के बांका में कार श्रद्धालुअन के कचरलस, 5 लोग के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 19, 2024

  बिहार के बांका में तेज रफ्तार से आवत कार बहुत श्रद्धालु के कुचल दिहलस। एs दुर्घटना में पांच श्रद्धालु के मउत हो चुकल बा जबकि करीब 10-11 लोग घायल बाड़े। कुछ घाही लोग के

Share

एक्सीडेंट :फोटो

 

बिहार के बांका में तेज रफ्तार से आवत कार बहुत श्रद्धालु के कुचल दिहलस। एs दुर्घटना में पांच श्रद्धालु के मउत हो चुकल बा जबकि करीब 10-11 लोग घायल बाड़े। कुछ घाही लोग के हालत गंभीर बतावल जाता। एहसे मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला. घटना से नाराज लोग पुलिस के गाड़ी में आग लगा देले अवुरी सड़क पs हंगामा मचवले। जानकारी मिलते जिला के वरिष्ठ अधिकारी मौका पs पहुंचले अवुरी भीड़ के शांत कs देले।

हादसा में करीब 11 लोग घायल

एसडीएम अविनाश कुमार बतवले कि दुर्घटना के जानकारी मिलला के बाद हमनी के तुरंत मौका पs पहुंच गईनी। एs घटना में करीब 10-11 लोग घायल हो चुकल बाड़े अवुरी उनुकर इलाज चलता। शव के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा। हालात शांतिपूर्ण बा आ प्रशासन पूरा सहयोग करत बा. हमनी के घटना के जांच करब जा।

खिसियाइल लोग पुलिस के गाड़ी में आग लगा दिहलस

बांका जिला में शुक के रात एगो गाड़ी से कुचलला से पांच गो कांवरिया के मउत हो गइल आ कई लोग घवाहिल हो गइल पुलिस के कहना बा. सब कांवरिया सुल्तानगंज से गंगा जल लेके जैष्टगोरनाथ महादेव मंदिर जात रहले। पुलिस के कहनाम बा कि घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। घटना के बाद खिसियाइल गांव के लोग पुलिस के गाड़ी में भी आग लगा देले। दुर्घटना के खबर मिलला के बाद नजदीकी थाना के पुलिस एसडीएम अवुरी वरिष्ठ पुलिस अधिकारी के संगे मौका पs पहुंच के भीड़ के शांत कs देले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.