Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जस्टिस यूयू ललित लेहलें मुख्य न्यायाधीश पद के शपथ, राष्ट्रपति भवन में भइल कार्यक्रम

477
Google Ads 300*250 for posts
देश के मुख्य न्यायाधीश के रूप में जस्टिस यूयू ललित आजु शपथ ले लेहने।। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू उनके मुख्य न्यायाधीश पद के शपथ दियवली। ई कार्यक्रम राष्ट्रपति भवन में आयोजित भइल। जस्टिस ललित भारत के 49वें चीफ जस्टिस हवें।

शपथ ग्रहण से पहिले निवर्तमान मुख्य न्यायाधीश सीजेआई एनवी रमण के विदाई समारोह में उ तीन मुख्य सुधार के बारे में बात कइलें। जस्टिस यूयू ललित कहलें कि हमार कोशिश रही कि मामलन के सूचीबद्ध कइलें में पारदर्शिता होखे। अइसन व्यवस्था बना सकीं, जेहमें जरूरी मामला संबंधित पीठ के सामने स्वतंत्रता पूर्वक उठावल जा सकें। एकरे अलावा कम से कम एक संविधान पीठ बना सकीं, जौन सालभर काम करत रहे।
314310cookie-checkजस्टिस यूयू ललित लेहलें मुख्य न्यायाधीश पद के शपथ, राष्ट्रपति भवन में भइल कार्यक्रम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.