[the_ad_group id="30365"]

Bihar Crime news : उधारी अंडा ना देवे पs दोकानदार के पीट-पीट के हत्या, घटना के बाद पुलिस जांच शुरू कs देलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार : अरवल जिला के करपी थाना क्षेत्र के अंतर्गत कोहरौड़ल गांव में देर शाम एगो अंडा दोकानदार के अपराधी पीट-पीट के हत्या कs देलस । घटना के बाद परिवार के लोग में कोहराम मचल बा।

मिलल जानकारी के मुताबिक कोहदौल गांव के निवासी 61 साल के अयोध्या सिंह अपना गांव के गुमटी में अंडा बेचत रहले। रोज नियन गांव के कुछ युवक अंडा खरीदे आके उधारी मांगे लगले। दोकानदार के मना कइला के बाद ओकरा के बहुत पिटाई भइल, जवना के चलते उनकर मौत हो गइल। मरेवाला के बेटा विमलेश कुमार बतवले कि गांव के राजकुमार कुमार, सनी कुमार अपना दोस्त के संगे उधार अंडा ना देवे पs उनका पिता के लाठी से बुरी तरह से पीटले।

घटना के बाद उनका के इलाज खातीर अरवल सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां उनकर इलाज के दौरान मौत हो गइल। इहाँ सूचना मिलला के बाद करपी थाना के पुलिस मौका पs पहुंचल आ परिवार के लोग से घटना के जानकारी लेला के बाद सदर अस्पताल से लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]