मुंबई एयरपोर्ट पs इरफान पठान के संगे बदसलूकी: काउंटर पs डेढ़ घंटा ले खड़ा राखल गइल; क्रिकेटर सोशल पोस्ट में बतवले आपबीती

Anurag Ranjan

पूर्व दिग्गज ऑलराउंडर आ कमेंटेटर इरफान पठान के संगे मुंबई एयरपोर्ट पs बदसलूकी भइल बा। ऊ अपना पत्नी आ बच्चों के संगे मुंबई से दुबई के यात्रा करत रहलें। तबे विस्तारा एयरलाइंस के ऑनग्राउंड स्टॉफ पठान से उनकर पत्नी के सोझा अभद्रता कइल। दुबई में भारत पाकिस्तान से 28 अगस्त के एशिया कप में आपन पहिला मुकाबला खेली।

37 साल के ई पूर्व क्रिकेटर बुध के रात एगो सोशल पोस्ट में आपन दर्द साझा कइलें आ जिम्मेदारन पs कार्रवाई के मांग कइलें। एह पs एयरलाइंस चिंता जाहिर कइलें बा।

पठान अपना ट्विटर हैंडल में लिखलें-

‘आज, हम विस्तारा फ्लाइट यूके-201 से मुंबई से दुबई के यात्रा करत रहनी हs। चेक-इन काउंटर पs, हमरा बहुते बुरा अनुभव भइल, विस्तारा अनजाने में हमार टिकट श्रेणी के डाउनग्रेड करत रहे, जवन एगो कन्फर्म बुकिंग रहे। हमरा एह केस के समाधान खातिर काउंटर पs डेढ़ घंटा इंतजार करे के पड़ल। हमरा साथे हमार पत्नी, हमार 5 साल आ 8 महीना के बच्चा के एहसे गुजरे के पड़ल।’

एयरलाइंस टिकटन के अधिका बिक्री कइलस

इरफान लिखले कि विस्तारा के ऑनग्राउंड स्टाफ हमरा संगे साथ बुरा व्यवहार कइलस। एयरलाइंस के स्टाफ हमरा संगे-संगे आउर यात्रियन से बहुते अभद्र व्यवहार करत रहे। एयरलाइंस टिकटन के अधिका बिक्री कइल आ फेर यात्रियन के एकर खामियाजा भुगते के पड़ल।

विस्तारा चिंता जाहिर कइलस

पठान के पोस्ट के बाद विस्तारा एह पूरा घटनाक्रम खातिर चिंता जाहिर कइलस। पठान अपना ट्वीट पs लिखले- आस बा कि  नोटिस कइल जाई आ सुधार होई @airvistara। ओइसे बाद में एयरलाइंस ट्वीट कs के पठान के संगे भइल एह बर्ताव खातिर चिंता व्यक्त कइलस।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।