[the_ad_group id="30365"]

चैंपियंस ट्रॉफी के बाद ICC करावे जा रहल बा, पाकिस्तान में एगो अउरी बड़ टूर्नामेंट, 6 टीम लीं हिस्सा

पाकिस्तान में एगो अउरी बड़ टूर्नामेंट
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चैंपियंस ट्रॉफी भारत के खिताब जीत के खतम हो गइल बा. फाइनल में भारत न्यूजीलैंड के 4 विकेट से हरा के तिसरका बेर खिताब जीत लिहलस. चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के आयोजन हाइब्रिड मॉडल में कईल गईल रहे। हालांकि एह टूर्नामेंट के मेजबानी पाकिस्तान कइले रहुवे बाकिर टीम इंडिया आपन सगरी मैच दुबई में खेललस. मेजबान के रूप में पाकिस्तान टीम एह टूर्नामेंट में कुछ खास ना कs पवलस आ खुद ग्रुप स्टेज से बाहर हो गइल. पाकिस्तान के तब अउरी बड़हन झटका तब लागल जब लाहौर के जगहा दुबई में फाइनल के आयोजन करे के पड़ल काहे कि दुनु बोर्ड पहिलहीं सहमत हो गइल रहुवे कि अगर टीम इंडिया फाइनल में चहुँप गइल तs खिताबी मैच लाहौर के जगहा दुबई में खेलल जाई.

मेजबानी करे खातिर तइयार पाकिस्तान

चैंपियंस ट्रॉफी के बाद अब पाकिस्तान एगो अउरी आईसीसी टूर्नामेंट के आयोजन करे के तइयारी शुरू कs दिहले बा. असल में पाकिस्तान में 6 टीम के महिला आईसीसी वनडे क्रिकेट विश्व कप क्वालीफायर के मेजबानी होखे वाला बा। पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड एकर पुष्टि कइले बा. एह टूर्नामेंट के तारीख आ जगह खातिर पीसीबी आईसीसी से संपर्क में बा. एह टूर्नामेंट में मेजबान पाकिस्तान, स्कॉटलैंड, आयरलैंड, बांग्लादेश, थाईलैंड आ वेस्टइंडीज के 6 गो टीम भाग लीहें. पीसीबी के अनुसार एह टूर्नामेंट के मैच कराची, मुल्तान आ फैसलाबाद में खेलल जा सके ला काहें से कि पाकिस्तान सुपर लीग यानी पीएसएल 2025 के दसवाँ सीजन भी 11 अप्रैल से शुरू हो रहल बा।

आईसीसी महिला विश्व कप 2025 भारत में खेलल जाई

उल्लेखनीय बा कि आईसीसी महिला क्रिकेट विश्व कप क्वालीफायर 2025 के माध्यम से भारत में होखे वाला 2025 के महिला क्रिकेट विश्व कप खातिर अंतिम 2 टीम के चयन कईल जाई। ई टूर्नामेंट महिला क्रिकेट विश्व कप क्वालीफायर के छठवाँ संस्करण होखी. एह साल भारत में होखे वाला विश्व कप में कुल 8 गो टीम भाग लीहें. मेजबान के रूप में भारत विश्व कप के टिकट हासिल कs चुकल बा। बाकी 5 गो टीम के फैसला आईसीसी महिला चैम्पियनशिप 2022-2025 खातिर हो गइल बा। एहमें आस्ट्रेलिया, इंग्लैंड, दक्षिण अफ्रीका, न्यूजीलैंड आ श्रीलंका शामिल बा. आईसीसी महिला चैम्पियनशिप 2022-2025 के आखिरी 4 गो टीम अब स्कॉटलैंड आ थाईलैंड के साथे क्वालीफायर मैच खेलीहें.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]