Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब भाजपा विधायक टी राजा पैगंबर मोहम्मद पर कइलें विवादित टिप्प्णी, विरोध में सड़क पर उतरल लोग

394
Google Ads 300*250 for posts

भाजपा से निलंबित प्रवक्ता नुपुर शर्मा प्रकरण अभिन थमल नाइ बा कि अब तेलंगाना में भाजपा विधायक टी राजा सिंह के भी विवादित टिप्पणी सोझे आईल बा। आरोप बा कि भाजपा विधायक पैगंबर मोहम्मद के ले के अपमानजनक टिप्प्णी कइले बाने। एकरे बाद गुस्साइल लोग सड़क पर उतर आइल बाने। देर रात बड़ संख्या में लोग भाजपा विधायक के खिलाफ  प्रदर्शन क के उनके गिरफ्तारी के मांग कइलें।

ओन्ने, पुलिस बतवलस कि पैगंबर मुहम्मद के खिलाफ कथित अपमानजनक टिप्पणी के बाद भाजपा विधायक टी राजा सिंह के खिलाफ मामला दर्ज कइल गइल बा। डीसीपी पी साई चौतन्य बतवने, बड़ संख्या में लोग बीतल रात साउथ जोन डीसीपी कार्यालय में विरोध प्रदर्शन कइले रहल। ऊ बतवलें, विधायक के खिलाफ कई धारा में मामला दर्ज कइल गइल बा।

310590cookie-checkअब भाजपा विधायक टी राजा पैगंबर मोहम्मद पर कइलें विवादित टिप्प्णी, विरोध में सड़क पर उतरल लोग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.